कलैया उपमहानगरपालिका करिब डेढ अरब के बजेट प्रस्तुत कईलख

प्रभु यादव /
बारा १० असाढ,
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका १३ वाँ नगर सभा करण राज पैलेस मे सम्पन्न कईले बा । नगर सभा मे उपमेयर रौशन परविन एक अरब ५१ करोड ९१ लाख ३३ हजार के बजेट प्रस्तुत कईले बानी । चालू ओर ३४ करोड ५९ लाख ३३ हजार आ पुजीगत खर्च ५७ करोड ६२ लाख के रहल रहे ।
अगिला बरिस के बजेट के समिक्षा करत जम्मा ९८ करोड ७८ लाख १४ हजार एक सय तीन रोपेया ७८ आ पईसा खर्च घटा के १३ करोड ३२ लाख २० हजार दु सय ८४ जेषठ महिना तक के समीक्षा कईले रहल रहनी ।
शैक्षिक प्रशासनिक पर्यटकिय शहर स्वच्छ समुन्नत कलैया नगर कृषि आ पूर्वाधार समृद्ध कलैया के आधार” नारा सहित कलैया उपमहानगरपालिका के १३ वाँ नगर सभा शुरु भईल बा ।
कार्यक्र मे स्वागत प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नेपाल सरकार के उप–सचिव नाथु साह अभी के आर्थिक मन्दि के समय मे भी सभी से बिचार करके बजेट लिअईला मे धन्यवाद देहनी ।नगर प्रमुख बिनोद साह कलैया के बिकास के खातिर केहु के प्रभाव भा दबाब मे कलैया सरकार पछाडि ना हटेके बतावत एकरा खातिर नगरवासी से भी साथ देरहल बतवले रहनी । कलैया बजार के कायापलट हो रहल आ एमे सारा नगरवासी आपन साथ मे देखल गईल बतवनी । उ अवसर मे नगर प्रमुख बिनोद साह चईत मसान्त भितर मानवत मटिअर्वा के रास्ता पुरा होखेके बतवनी ।
एहितरे नगर सभा सदस्य हिरामती आर्याले एकरा से पहिले हम सभी नगरवासी के खातिर आवाज उठावल आ निरन्तर नगर के बिकास के खातिर लागेके बतवनी । सभी नगर सभा सदस्य के भावना मुताविक बजेट लिअईला मे मेयर के धन्यवाद देहनी ।
उ अवसर मे पालिका उत्कृष्ट कर्मचारी, करदाता, जग्गादाता तथा उत्कृष्ट शिक्षकलोग के नगद आ सम्मान पत्र सहित सम्मानित कईल रहे ।
नगर सभा के सञ्चालन जिन्सी शाखा प्रमुख नरोतम अधिकारी कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।