यातायात कार्यालय कलैया बारा मे रोपेया के बल मे लाईसेन्स बन रहल, नियमनकारी निकाय मौन
यातायात कार्यालय कलैया बारा मे रोपेया के बल मे लाईसेन्स बन रहल, नियमनकारी निकाय मौन

अजय चौरसिया
वीरगंज २२ पुस
यातायात व्यवस्था कार्यालय कलैया बारा मे रोपया के वल में धमाधम सवारी चालक अनुमतिपत्र (लाईसेन्स) बन रहल समाचार मे जनावल गईल वा ।
यातायात व्यवस्था कार्यालय कलैया बारा के प्रमुख अरविन्द यादव करिब एक दर्जन बिचौलियासव राखके उलोग मार्फत रोपेया असुल के लाईसेन्स बना रहल समाचार स्रोत जनवले बा ।
वितल कुवार दुसरका हप्ता से नयाँ कार्यालय प्रमुख के रुप में हाजिर भईल यादव विचौलिया आ कार्यालय के कुछ कर्मचारीलोग मार्फत लिखित आ प्रयोगात्मक परीक्षा में पास करावे खातिर मोटरसाईकल के ८ हजार, अटो, टेम्पो के १० हजार, कार जिप के १२ हजार आ हेभी गाडीसव के २० हजार तक असुली करा रहल स्रोत जनवले बा ।
ई त कार्यालय मे बुझावेवाला दररेट भईल, बाहर विचौलिया आ कर्मचारीलोग आपन आपन मनमौजी तरिका से जे-जेतना फंसी ओतना रोपेया लेके कार्यालय प्रमुख यादव के कार्यालय के दररेट मुताविक बुझाके बाकी रोपेया खुदे राखेलन कहके स्रोत के दाबी रहल बा ।
कार्यालय प्रमुख कार्यालय के भ्रष्टाचार रहित बनावेके जगहा मे प्रमुख यादव कार्यालय में आईल समय से हि भ्रष्टाचार, घुसखोरी, विचौलिया तन्त्र हावी भईल एतवार के दिने कार्यालय मे सेवा लेवे गईल एक सेवाग्रही नाम ना छापेके शर्त में ई दैनिक के बतबनी। कार्यालय मे लाईसेन्स बनावेके, नविकरण करे, ब्लुबुक नविकरण करावे लगायत के कामसव सेवाग्रहीलोग खुदे करावे सकेके जगहा मे विचौलिया के सहारा ना लेके कउनो भी काम ना हो रहल उ सेवाग्रही के आरोप रहल बा ।
यातायात कार्यालय बारा के घुसखोरी काम के रोके खातिर आ भ्रष्टाचार के बढाबा देवेबाला काम मे संलग्न कर्मचारीलोग के कारवाही करे खातिर नियमनकारी निकाय के ध्यान पुगल जरुरी रहल सचेत नागरिकलोग के कहनाम रहल बा। ई सन्दर्भ मो प्रमुख यादव से प्रतिक्रिया लेवे खातिर मोवाईल फुन सम्पर्क कईला पर फुन ना उठल ।






