केआईआईटी मे पढ रहल एक सय २६ विद्यार्थी फिर्ता अईलें

केआईआईटी मे पढ रहल एक सय २६ विद्यार्थी फिर्ता अईलें

भोटा. संवाददाता

वीरगंज ०७ फागुन

भारत के उडिसा राज्यस्थित कलिङ्गा इन्स्टिच्यूट अफ इन्डस्ट्रियल ट्रेक्नोलोजी (केआईआइटी) मे पढ रहल एक सय २६ जने विद्यार्थी रक्सौल नाका होत नेपाल फिर्ता भईल बाडन ।

केआईआइटी मे पढ रहल नेपाली विद्यार्थी प्रकृति लम्साल के मृत्यु भईला सँगे नेपाली विद्यार्थीलोग असुरक्षा के कारण देखावत स्वदेश फिर्ता भईल बाडन ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के निमित्त प्रमुख जिल्ला अधिकारी निशानराज गौतम आजु एक सय तीन लईका आ २३ लईकी फिर्ता भईल जानकारी देहनी । निमित्त प्रजिअ गौतम के मुताविक फिर्ता भईल विद्यार्थी केआईआइटी के प्रशासन धम्की आ मानसिक यातना देहल सिकाईत कईले बाडन ।

अखिल नेपाल राष्ट्रिय स्वतन्त्र विद्यार्थी युनियन (क्रान्तिकारी) आजु वीरगंज स्थित भारतीय महावाणिज्य दूतावास से घण्टाघर चोक तक मृत्यु भईल विद्यार्थी लम्साल के न्याय के माग करत विरोध प्रदर्शनी कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।