बिन्दवासिनी–३ झौवा मे रहल युवराज एकिकृत कृषि फर्म मे आगलागी, लाखो के नोक्सानी

बिन्दवासिनी–३ झौवा मे रहल युवराज एकिकृत कृषि फर्म मे आगलागी, लाखो के नोक्सानी

वीरगंज ११ फागुन

पर्सा जिल्ला के बिन्दवासिनी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ झौवा मे रहल एगो मुर्गा फर्म मे शनिचर के रात आगलागी भईला से लाखो के नोक्सानी भईल जनावल गईल बा ।
झौवा मे रहल युवराज एकिकृत कृषि फर्म मे शनिचर के रात करिब १२ः४० मे अचानक आगलागी भईला से उ फर्म मे रहल ५ हजार तईयारी आ ७ हजार बच्चासब करके करिब १२ हजार मुर्गा जरके नोक्सान भईल फर्म के सञ्चालक सुकदेव साह कलवार बतवनी ।
उ फर्म मे मुर्गा के खातिर राखल दाना, बरनन, बिछौना सहित फर्म पूर्ण रुप मे जरके नोक्सान भईल सञ्चालक कलवार दुःख सुनवनी । उ आगलागी से करिब ५६ लाख ८५ हजार के मुुर्गामुर्गी सहित सामान जरके नोक्सान भईल सञ्चालक कलवार के कहनाम रहल बा ।
आगलागी के वीरगंज महानगर आ पोखरिया नगरपालिका के बारुण यन्त्र, पुलीस आ स्थानियलोग के सहजोग मे बुतावल गईल स्थानिय पुलीस जनवले बा ।
आगलागी के कारण खुले ना सकला पर भी विद्युत सर्ट होके आगलागी भईल हो सकेके अनुमान कईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।