दुसरका वीरगंज गोल्डकप के उपाधी नेपाल पुलिस क्लब के मिलल
दुसरका वीरगंज गोल्डकप के उपाधी नेपाल पुलिस क्लब के मिलल

वीरगंज २४ फागुन
दुसरका वीरगंज गोल्डकप फुटबल प्रतियोगीता के उपाधी विभागीय टोली नेपाल पुलिस क्लब जितल बा । आर्दशनगर रंगशाला मे शनिचर के दिने भईल खेल मे टाईब्रकेर मे नेपाल पुलिस क्लब ३–० गोलअन्तर से मच्छिन्द्र फुटबल क्लब के हरवले रहे ।
खेल के सुरु मे हाबि देखल गईल मच्छिन्द्र फुटबल क्लब दुसरका हाफ मे कमजोर प्रदर्शन कईल देखल गईल रहे । खेल के पहिलका हाफ तक एक गोल से अग्रता बनावल मच्छिन्द्र दुसरका हाफ मे बराबरी मे पुगल रहे । खेल के ५८ वाँ मिनेट मे नेपाल पुलिस क्लब के खेलाडी बिकाश विक गोल कईले रहनी ।
खेल निर्धारित समय मे पुरा ना भईला पर टाईब्रेकर मे गईल रहे । टाईब्रेकर मे नेपाल पुलिस क्लब के कप्तान रामचन्द्र वाजी, खेलाडी संजीव लामा, गोलकिपर अमित टामाटा आ उज्जवल राई बल मरले रहलन । जउना मेसे राई से मारल बल पोष्ट से बाहर गईल रहे ।
एहितरे टाईब्रेकर मे मच्छिन्द्र के बिशाल तामाङ्ग, दिवाकर चौधरी आ समिरराज थोकर मरले रहलन । जउना मेसे तामाङ्ग आ चौधरी से मारल बल पोष्ट बाहर गईल रहे आ थोकर से मारल बल किपर रोकले रहलन ।
मधेस प्रदेश के सबसे बेसी धनराशि भईल दुसरका वीरगंज गोल्डकप प्रतियोगिता मे विजेता टोली नेपाल पुलिस क्लब नगद ११ लाख ११ हजार एक सय एघार रोपेया, ट्रफी, मेडल आ प्रमाणपत्र मिलल रहे ।
एहितरे उपविजेता मच्छिन्द्र फुटबल क्लब पाँच लाख ५५ हजार पाँच सय ५५ रोपेया नगद, ट्रफी, मेडल आ प्रमाणपत्र से पुरस्कृत कईल रहे । फाईनल खेल मे म्यान अफ दि म्याच मच्छिन्द्र के समिरराज थोकर भईल रहलन । उनका नगद १० हजार आ शिल्ड मिलल रहे ।
एहितरे उत्कृष्ट गोलकिपर नेपाल पुलिस के गोलकिपर अमित टामाटा घोषित भईलें आ उनका नगद २० हजार आ शिल्ड मिलल रहे ।
एहितरे उत्कृष्ट खेलाडी मे नेपाल पुलिस क्लब के कप्तान रामचन्द्र वाजी घोषित भईनी । उनका ईलेक्ट्रीक स्कुटी मिलल रहे आ उत्कृष्ट प्रशिक्षक नेपाल पुलिस क्लब के चेतन घिमिरे साबित भईलें । उनका नगद २० हजार आ शिल्ड मिलल रहे ।
प्रतियोगिता के समापन समारोह मे प्रमुख अतिथि वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत अरविन्द लाल कर्ण तथा विशिष्ट अतिथि पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी गणेश अर्याल आ पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गौतम मिश्र उपाधि विजेता आ उपविजेता टिम के नगदराशी के पुरस्कार सहित ट्रफी आ मेडल प्रदान कईले रहलन ।






