स्रोत ना खुलल १३ लाख से अधिक रुपैया सहित एक जने पकडईले

स्रोत ना खुलल १३ लाख से अधिक रुपैया सहित एक जने पकडईले

प्रभु यादव

बारा ३० जेठ
जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा स्रोत ना खुलल १३ लाख से अधिक रुपैया सहित एक जने के नियन्त्रण मे लेहले बा । विशेष सूचना के आधार मे जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के विमानस्थल चोक मे चेकजाँच के समय मे स्रोत ना खुलल १३ लाख ७ हजार ५ सय रुपैया सहित पर्सा के वीरगञ्ज महानगरपालिका १६ के सुरज कुशवाहा के नियन्त्रण मे गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी प्रवक्ता विजयराज पण्डित जानकारी करावले बानी ।

जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका २ विमानस्थल रास्ता मे प्रहरी नायब उपरीक्षक बेदप्रकाश जोशी के कमाण्ड मे खटल टोलि रूपेया सहित कुशवाहा के नियन्त्रण मे लेहल प्रहरी कार्यालय बारा जनकारी करावले बा ।

प्रहरी कुशवाहा के साथ से स्रोत ना खुलल नगद १ हजार दर के रूपेया १ हजार ६७ थान, ५०० दर के रूपेया ४ सय ८० थान आ १ सय दर के रूपेया ५ थान कर के जम्मा नेपाली रुपैया १३ लाख ७ हजार ५ सय रुपैया बरामद कईल बतावले बा ।
नियन्त्रण लेहल कुशवाहा के उपर हुण्डी कारोबार सम्बन्धि मुद्दा दर्ता कर के आवश्यक अनसुन्धान कार्य कईल जारहल प्रहरी प्रवक्ता पण्डित जानकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।