मधेस में कांग्रेस के दमदार शक्ति प्रदर्शन : कई दल के नेता कांग्रेस में शामिल, गगन थापा कइलें स्वागत

मधेस में कांग्रेस के दमदार शक्ति प्रदर्शन : कई दल के नेता कांग्रेस में शामिल, गगन थापा कइलें स्वागत

वीरगंज ६ फागुन

नेपाली कांग्रेस मधेस प्रदेश द्वारा आयोजित प्रतिज्ञा सभा में आज पर्सा जिला से विभिन्न पार्टी छोड़कर कई प्रमुख नेता कांग्रेस में शामिल हो गइलें।

सभा में नवप्रवेशी नेतन के खाँदा माला पहिरा के पार्टी सभापति गगन थापा खुद स्वागत कइलें आ कांग्रेस में औपचारिक रूप से जिम्मेवारी देवे के भरोसा दिलवले।
कांग्रेस में शामिल होखे वाला नेतन में नेकपा के नेता बस्रुदिन अन्सारी, पर्सा क्षेत्र २ पर्सागढी से जसपा नेपाल के मेयर प्रत्याशी रहल सुरज मानन्धर, पर्सागढी–४ के वडा अध्यक्ष शेख खुर्सेद, पर्सागढी–१ के वडा अध्यक्ष प्रत्याशी विकास दास, पर्सागढी–२ के वडा अध्यक्ष प्रत्याशी मदन चौधरी, पर्सागढी जसपा नेता रामकिशोर चौधरी, मंगल लामा, रवि स्यान्बो समेत दर्जनों कार्यकर्ता शामिल रहलें।

सभा के संबोधन करत  नेपाली काग्रेस के सभापति गगन थापा कहलें कि नेपाली कांग्रेस लोकतंत्र, संविधान के रक्षा, सुशासन आ समावेशी विकास खातिर प्रतिबद्ध बा। ऊ कहले कि मधेस के सम्मान, रोजगारी के अवसर, शिक्षा–स्वास्थ्य के सुधार आ भ्रष्टाचार मुक्त शासन कांग्रेस के प्रमुख राजनीतिक मुद्दा बा।

नवप्रवेशी नेतन कहलें कि देश में स्थिरता, लोकतांत्रिक मूल्य आ मधेस के अधिकार के सुनिश्चित करे खातिर कांग्रेस सबसे भरोसेमंद शक्ति बा। ऊ सब मिल के पर्सा क्षेत्र में कांग्रेस के मजबूत बनावे के संकल्प लेले।

सभा में मौजूद कार्यकर्ता लोग “कांग्रेस जिंदाबाद” के नारा लगावत नवप्रवेशी नेतन के जोरदार स्वागत कइलें। कार्यक्रम से मधेस प्रदेश में कांग्रेस के प्रभाव बढ़त जाए के संकेत मिलल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।