प्रेम के जाल मे युवती गर्भवती, युवक सम्पर्क बिहिन
मेघराज राय
जीराभवानी २९ बैशाख
पर्सा जिल्ला के पर्टेवा सुगौली गाँवपालिका वार्ड नं. २ के एक युवक आपन पडोसी एक युवती से प्रेम जाल मे फँसा के फरार भईल बाडन ।
पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के वार्ड नं. २ के रहनिहार एक युवक दलित समुदाय के युवती के प्रेम जाल मे फँसा के गर्भवती बनाके सम्पर्क बिहिन भईल बाडन ।
प्रेम मे पडल युकक आ युवती गाँव से भाग के युवक एक महिना तक आपन नातेदार के घर मे सँगे रहत आईल रहलन ।
उलोग घर अईला के बाद समाज आ घरपरिवार उलोग के सम्बन्ध अस्वीकार कईले रहलन ।
समाजिक आ परिवारिक दबाव मे पडल युवक गर्भअवस्था मे रहल आपन प्रेमिका के छोड के सम्पर्क बिहिन भईल स्थानियलोग के कहनाम बा ।
युवती नाता कायम करा के न्याय दिलावे के तथा सम्पर्क बिहिन रहल मरद के खोजी के खातिर गाँवपालिका के न्यायिक समिति मे उजुरी भी देहले बाडी ।
आपन मरद के खोजी करे खातिर गाँवपालिका कार्यालय तथा ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली मे भी निहोरा कईल पीडित युवती बतवले बानी ।
न्याय मिलो कहके युवती गाँवपालिका के न्यायिक समिति मे उजुरी देहल गाँवपालिका के उपाध्यक्ष ममता महतो पुष्टी कईले बाडि ।
उ घटना के अनुसन्धान हो रहल तथा दोषी के कारवाही के दायरा मे लियावे के दाबी कईले बानी ।
पिछिलका समय मे युवती उपर समाजिक, राजनितिक दबावसब आवे लागल बतावल गईल बा ।
ई विषय मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के महिला सेल आ ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली मे भी निवेदन देहल पिडित युवती के कहनाम रहल बा ।





