लागूऔषध सहित दु जने पकडईलें

वीरगंज २५ कातिक

पर्सा पुलीस लागूऔषध इन्जेक्सन १८ सय एम्पुल सहित दु जने के पकडले बा । बारा कलैया उपमहानगरपालिका–९ रामपुर रहेवाला २० बरीस के रोशन साह कलवार आ २९ बरीस के चन्दनप्रसाद कुशवाहा पकर्डाल बाडन ।

उलोग के साथ से लागूऔषध इन्जेक्सन फेनारगन, डाइजेपाम आ नुर्फिन १८ सय एम्पुल बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता एवं प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर के मुताविक सोमार के दिन के २ बजे वीरगंज– २५ सिर्सिया मे रोशन साथी के ईन्तजार करके बईठल रहलन । बिशेष सूचना के अधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से पुलीस टोली पुगल रहे ।

चेकजजाँच करेके समय मे रोशन के हाथ मे रहल व्याग खानतलासी कईला पर उ परिमाण के अवैध लागूऔषध मिलल रहे ।

रोशन से हि देहल सूचना के आधार मे सँझिया ७ बजे कलैयास्थित बालमन्दिर अगाडि के सडक खण्ड से ना.२० प ६४२८ नम्बर के मोटरसाइकल मे सवार चन्दन पकडाईल रहलन ।

उलोग के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राख के लागूऔषध नियन्त्रण ऐन २०३३ बमोजिम लागूऔषध सम्बन्धी कसुर मुद्दा दर्ता करके आउर अनुसन्धान काम हो रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।