किशोरी उपर दुव्र्यवहार करेवाला के कारबाही ना करके छोडल आरोप

वीरगंज १८ फागुन,

वीरगंज महानगरपालिका–१ मे युवती उपर दुव्र्यवहार करेवाला के कानुनी कारबाही ना करके छोडल गईल सिकाईत आईल बा । युवती के लछारपछार करत दुव्र्यवहार करेवाला के कानुनी कारबाही कईला के बदले पुलीस समाज के जिम्मा लगवले बा ।

वार्ड अध्यक्ष मनोज गुप्ता के रोहबर मे सन्दीप साह कानु, नागा दास, सुभास दास लगायत ५ जने बुध के दिने पुलीस कार्यालय से तारिख मे छुटल बा ।
बितल शनिचर के दिने फागुन १० गते सँझिया गहुँ बारी मे २२ बरीस के युवती के पाँच जने लडकालोग दुव्र्यवहार कईले रहलन । उलोग कपडा से पकड के तानल भिडियो भी मिलल बा ।

स्थानीय कुछ अगुवा के साथ मे गारजियन सहित युवती जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे भी पुगल रहली । ओकरा बाद पुलीस आरोपी युवकलोग के नियन्त्रण मे लेहले रहे । माकिर समाज हि किशोरी के विपक्ष मे देखल गईल कहत लडकालोग के तारेख मे छोडल गईल बा ।

शनिचर के दिने गाँव मे पञ्चायत बईठ के उ लडकालोग के पाँच दिन मन्दिर सफा करावे के सजाय सुनावल गईल स्रोत बतवले बा । पीडित युवती के बाबु आ पाँचु जने लडका के बाबु सहित बईठल पञ्चायत से गाँव मे हि भईल घटना के गाँव मे मिलावे के, पुलीस कार्यालय भा दोसर जगहा कउनो किसिम के उजुरी ना करेके निर्णय कईल स्रोत के दाबी बा ।

आरोपित पक्ष आउर लडका सँगे बईठल देखला के बाद चिनजान के लडकालोग अइसन काहे कईल कहत डेरवावल बतवले बाडन ।
किशोरी उपर यौन दुव्र्यवहार के प्रयास भईल ना भईल अनुसन्धान हो रहल एसपी गंगा पन्त बतवनी । “घटना के बारे मे जानकारी आईल रहे, हम हि किशोरी आ उनकर गारजियन से बातचीत भी कईले बानी” ।

उलोग यौन दुव्र्यबहार ना भईल जइसन बात कईलन, आ उजुरी भी ना देहलन । ओहिसे आरोपित लडकालोग के तारेख मे छोडल गईल बा,” कहत उ “माकिर भिडियो क्लिप्ससब भी बा कहके बात आईल बा, ओकरा के संकलन करके अध्ययन के काम हो रहल बा ।”

यौन दुव्र्यवहार के सन्दर्भ मे पीडित कहल किशोरी स्वयं ना कहल आ उजुरी भी ना अईला से मुद्दा अगाडि ना बढावल उनकर कहनाम बा । “आउर प्रायोजन कुछो भईला पर भी जनानीलोग उपर हाथ डालल गलत देखल गईल बा । वास्तविकता का बा बुझल जाई,” कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।