मुवल अवस्था मे चितल मिलल

मेघराज राय
जीराभवानी ०३ बैशाख
पर्सा जिल्ला के जगरनाथपुर गाँपपालिका मे एगो मुवल अवस्था मे चितल मिलल बा ।
जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ दसौता के ओरिया नदी के लगे उ चितल मिलल बा ।
चितल के कुकुरसब चहेंट के मारल हो सकेके प्रारम्भिक अनुसन्धान से खुलल सेक्टर बन कार्यालय वसन्तपुर के सुपेदार प्रदिप तिमल्सिना जानकारी देहनी ।
मिलल चितल के स्थानीय जनप्रतिनिधि, भद्रभलादमी आ सञ्चारकर्मी के रोहवर मे हलावल गईल सेक्टर बन कार्यालय बसन्तपुर के रेन्जर सुमन पाण्डे जानकारी देहनी ।






