जीराभवानी आ पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के लाचारीपन से दलित मुसहर परिवार आपन गुजारा चलावे खातिर गहु के बाल बिनेमे बाध्य

मेघराज राय

जीराभवानी ०५ बैशाख

पर्सा जिल्ला के जीराभवानी गाँवपालिका आ पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के दलित मुसहर सामुदाय के जनता दैनिक जालादारी करके खात अईला मे अभी लकडाउन के चलते भुखे रहेमे बाध्य भईला पर मेसिन से काट के छोडल गहु के बाल बिन के आपन गुजारा चला रहल बाडन ।

माकिर स्थानिय तहसब अनेकन बहाना देखाके आजु २५ दिन लकडाउन बितला पर भी राहत के नाम मे कउनो सामान ना देहल पटेर्वासुगौली गाँवपालिका ४ नौकाटोल के दलित प्रभु माझी मुसहर सिकाईत कइनी ।

माकिर ई बिषय मे पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के उपप्रमुख ममता महतो से बुझला पर उ यथार्थ हि होखी माकिर हमनी गाँवपालिका से आवेवाला सोमार से राहत बाँटेके तइयारी कर रहल बतवनी । एहितरे जीराभवानी गाँवपालिका के भी गरिब दलित, बहुते बिपन्न के समस्या ओईसने बा ।

दलीय भागबन्डा आ जीराभवानी गाँवपालीका प्रमुख रामप्रीत महतो आ उप प्रमुख उषा देबी थरुनी के कमिसन के चलखेल से चलते अभी तक गरिब दलितलोग राहत से बञ्चित रहल नेकपा के सर्बदलिय प्रतिनिधि बिकाउ प्रसाद भन्डारी बतवनी ।

कोरोना भाईरस के नियन्त्रण के खातिर सरकार से लागु कईल लकडाउन के चलते बहुते बिपन गरीब दलित जनता केहु भी भुखे ना रहो कहके केन्द्र सरकार के निति मुताविक सरकारहरेक स्थानीयतह मे पईसा पठावल मुताविक जीराभवानी गाँवपालिका मे दस लाख आईल बा ।

गाँवपालिका आपन बजेट से २५ लाख बिनियोजन करके गाँवपालिका के जनता के राहत सामान बाँटेमे भी गाँवपालिका भ्रष्टाचार करेके खोजल नेकपा के नेता तथा संविधान सभा सदस्य जयप्रकाश थारु आरोप लगवनी ।

स्रोत के मुताविक १० रोपेया भी ना पडेवाला मास्क के बिल ९ लाख के आ साबुन आ बाल्टिन के बिल ६ लाख करके १५ लाख खर्च भईल देखावल बतवनी ।
जीराभवानी गाँवपालिका जईसन भ्रष्ट पालिका देश् मे ना रहल जिकिर भी कईले बानी ।

उ प्रदेश सरकार बहुते बिपन गरीब के तिस किलो चाउर, दाल, खाएवाला तेल, नुन, आलु बाँटेके निर्देशन भईला पर भी जीराभवानी गाँवपालिका १५ किलो चाउर, एक किलो आलु, खाएवाला तेल, एक किलो नुन बाँटेके खोजल आ खुद आ आपन पार्टी के प्रतनिधी बिकाउ प्रसाद भन्डारी बिरोध कईल बतवनी ।

जीराभवानी गाँवपालिका मे दलित, गरीब, बहुते बिपन्न जन्तासब के राहत ना मिलला पर भुखे छटपटा रहल आ घर मे खाएवाला कुछो ना भईला से गाँव घर मे काटल गहुँ के बाल बिन के आपन गुजारा करेमे बाध्य भईल बतावत गाँवपालिका भ्रष्टाचारी निती से राहत बाँटेमे कर रहल राहत खुद के कउनो भी हालत मे सहे ना सकेके नेता थारु बतवनी ।

नेकपा के सरकार गरिब जनता के सरकार कहला पर भी जीराभवानी गाँवपालिका मे नेकपा के दु तिहाई के सरकार भईला पर नेकपाद्वारा जनता के खातिर आईल राहत मे भ्रष्टाचार कईला मे घोर भत्सना करत बानी नेता थारु कहनी ।

जनता मर रहल आ भुखे रहला पर भी गाँवपालिका कुछो वास्ता ना कईला से ओकर विरुद्ध आवाज उठावे के प्रतिबद्धता जनवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।