मेलमिलाप के नीति काँग्रेस भोर पराए लागल : नेता भण्डारी

दमौली, ६ सावन

नेपाली काँग्रेस के केन्द्रीय सदस्य शङ्कर भण्डारी राष्ट्रिय मेलमिलाप के नीति काँग्रेस के नेता तथा कार्यकर्ता भोर पराए लागल बतवले बानी ।

३८ वाँ बिपी स्मृति दिवस के अवसर मे नेपाली काँग्रेस व्यास नगर समिति व्यास नगरपालिका–५ पाटन मे आजु आयोजना कईल वृक्षरोपण कार्जक्रम के सम्बोधन करत भण्डारी बरीस के एक दिन मात्र कार्जक्रम करके बिपी के सम्मान ना होखेके बतनवी ।

नेता भण्डारी कहनी कि, “बिपी कोइराला के जेतना मुह से सम्मान कईल जाला, व्यवहार मे उ देखल गईल नइखे, राष्ट्रिय मेलमिलाप के नीति पार्टी के नेता तथा कार्यकर्ता से भोर पराए लागल आभाष हो रहल बा ।”

बिपी हरदम खुद से उपर देश आ जनता के राखल स्मरण करावत नेता भण्डारी बिपी के सम्झेवाला लोग उ बात के हरदम अनुशरण करेके बात मे जोड देहनी ।

नेतालोग के कोठे बईठक से पार्टी के नोक्सानी पुगावे के कहत भण्डारी पार्टी भितर के साथीलोग के चुनौती के रुप मे देख के काँग्रेस बरियार ना होखेके तर्क कइनी ।

“आपन साथीलोग के ओरवा के पार्टी बरियार ना होखी, पार्टी के बरियार बनावे खातिर सभी से सम्बन्ध सुमधुर बनावेके पडि”, नेता भण्डारी कहनी ।

काँग्रेस जिल्ला सभापति एवं व्यास नगरपालिका के प्रमुख वैकुण्ठ न्यौपाने प्रजातान्त्रिक आन्दोलन मे बिपी से पुगावल योगदान हरदम अविष्मरणीय रहेके बतवनी ।

“बिपी के लोकतन्त्र उपर के निष्ठा हरदम अविचलित रहत रहेला, बिपी उपर के निष्ठा जोगावे खातिर काँग्रेस के कार्यकर्ता लागेके पडि”, कहके बतवनी ।

बिपी स्मृति के दिवस मे नेपाली काँग्रेस आजु दश गो स्थानीय तह मे वृक्षरोपण कार्जक्रम आयोजना कईल नगरसभापति शान्तिरमण वाग्ले जानकारी देहनी ।

उ समय मे आँम, बेल, अशोक, कपुर लगायत के २२५ पौधा रोपल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।