सिम्रौनगढ मे जसपा के नगर कमिटी बनल
प्रभु यादव
बारा २९ पुस
बारा के सिम्रौनगढ मे जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के नगर समिति समायोजन वार्ड नं.७ स्थित रहल जसपा कार्यालय मे पुरा भईल बा ।
सिम्रौनगढ नगरपालिका जसपा नगर अध्यक्ष किशोरी प्रसाद जयसवाल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जसपा के केन्द्रिय सदस्य जियालाल ठाकुर के प्रमुख आतिथ्यता मे समायोजन कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
जेकर अध्यक्ष मे किशोरी प्रसाद जयसवाल, वरिष्ठ उपाध्यक्ष मे पन्नालाल प्रसाद कुशवाहा, उपाध्यक्ष मे हेमचन्द्र प्रसाद, उपाध्यक्ष मे रीमा देवी कुशवाहा, सचिव मे सियाराम प्रसाद यादव, सह–सचिव मे राजकिशोर प्रसाद कुशवाहा, कोषाअध्यक्ष मे बिन्दु देवी यादव, सदस्यलोग मे प्रेम प्रसाद यादव, मिश्रीलाल कुशवाहा, दिपेन्द्र गुप्ता, अब्बास अन्सारी, शेषनाथ कुशवाहा, सिताराम ठाकुर, नन्दकिशोर प्रसाद जयसवाल, लक्ष्मीनरायन साह, विजय कुमार जयसवाल, रामबाबु प्रसाद यादव, सिकिन्द्र महारा, रामजन्म कुशवाहा करके ८१ सदस्यीय नगर समिति समायोजन भईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि केन्द्रिय सदस्य ठाकुर केपी ओली के मन्त्रीमण्डल सविधान विपरीत बनला से देशभर के जनता से कडा से कडा विरोध करेके आ सांसद पुनःवहाली होखेके माग कईनी ।
कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के केन्द्रिय सदस्य डा.कमरुल्लाह अन्सारी जनता से बनावल दु तिहाई के सरकार के केपी ओली जनता के मतदान के अपमान कईल आ प्रम ओली अभी तक के असफल प्रधानमन्त्री रहल बतवनी ।
अभी आपन लाज पचावे खातिर आन्दोलन गरी रखले बा, एकात्मक, समान्तवादी, एकाधिकार शासन चलावेके खोजल आरोप भी लगवनी ।
एहितरे जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के केन्द्रिय सदस्य रामबाबु प्रसाद यादव कार्यकर्ता के खटाके आ मुल्यांकन के आधार मे पार्टी शुद्धिकरण के ध्यान मे राख के पार्टी के समायोजन भईल बतावत बिहान से मुल्यांकन, विश्लेषण करत पार्टी के कार्जक्रम के अगाडि बढावे खातिर निर्देशन भी देहनी ।
उ समायोजन कार्जक्रम मे रिमा देवी कुशवाहा, वृजकिशोर यादव, वार्ड अध्यक्ष राजेश यादव, खुशीलाल, सुमित जैसवाल, मन्जुर अन्सारी, रामबहादुर पटेल, उषा पटेल लगायत के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के सहजीकरण डा. प्रमानन्द मुखिया कईले रहनी ।