डेंगु रोकथाम के खातिर विषादी आ ट्यांकी बाँटल गईल
डेंगु रोकथाम के खातिर विषादी आ ट्यांकी बाँटल गईल
वीरगंज २१ जेठ
वीरगंज महानगरपालिका मे कुछ दिन एने डेंगु, मलेरिया लगायत के संक्रमण देखाई देवे लागला के बाद विषादी आ ट्यांकी बाँटल गईल बा ।
डेंगु आ मलेरिया नियन्त्रण के खातिर स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा महानगर के वार्डसब मे विषादी आ विषादी छिटेवाला स्प्रे ट्यांकी वितरण कईले बा ।
सोमार के दिने पहिलका चरण मे कार्यालय वीरगंज महानगर के सहरी भेग के १६ गो वार्ड (१ से १६) के खातिर १३ लाख रोपेया मूल्य के मोछड मारेवाला बायोडाट नामक विषादी आ उ विषादी छिटेवाला स्प्रे ट्यांकी १६ थान वितरण कईले बा ।
वीरगंज–३ स्थित महानगर के शैक्षिक तालिम केन्द्र मे स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख डाक्टर मुक्तिनारायण साह वीरगंज महानगर के स्वास्थ्य महाशाखा प्रमुख अनिल यादव, सरसफाई महाशाखा प्रमुख सरफुदिन मियाँ आ वार्ड अध्यक्षलोग के विषादी आ ट्यांकी प्रदान कईले बाडन ।
अभी महानगर के सहरी भेग मे डेंगु के संक्रमण देखाई देखे लागला से ओकरा के मध्यनजर करके पहिलका चरण मे सहरी भेग के १६ गो वार्ड मे विषादी आ स्प्रे ट्यांकी वितरण कईल स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जनस्वास्थ्य अधिकृत जयमोद ठाकुर बतवनी ।
डेंगु, कालाजार, मलेरिया, इन्स्फ्लाइटिस लगायत के संक्रमण के प्रकोप नियन्त्रण के खातिर १६ गो वार्ड मे विषादी आ ट्यांकी वितरण कईल आ बाँकी १६ गो वार्ड मे भी दुसरका चरण मे उ सामग्री वितरण करेके बतवनी । बाँकी १६ गो वार्ड के वार्ड अध्यक्ष, सरसफाई इन्चार्ज आ जनानी स्वंयसेविका के दवाई छिटेके विधि के बारे मे एक दिने तालिम देके विषादी आ ट्यांकी वितरण करेके उ बतवनी ।