क्याम्पस प्रमुख कुशवाहा के हत्यारा के कारवाही करेला भरत चौक मे मैनबती बारके प्रदर्शन
क्याम्पस प्रमुख कुशवाहा के हत्यारा के कारवाही करेला भरत चौक मे मैनबती बारके प्रदर्शन

प्रभु यादव
बारा १२ असाढ
बारा के कलैया मे भरत चौक पर रामराजा मोविशा बहुमुखि क्याम्पस प्रमुख हरिभुषण प्रसाद कुशवाहा के हत्यारा के कारवाही करेला मोमवती जलाके विरोध सभा भईल बा ।
क्याम्पस के प्राध्यापक, कर्मचारी, व्यवस्थापन समिति आ पढनियार लईकालईकी के सहभागिता मे मोमबती जराके घटना के दोषी उपर कारवाही करेला माग कईले रहलन ।
मिति २०८१÷०२÷३२ गते करिब सझिया के ५ बजे के समय मे आदर्शकोतवाल गाँवपालिका २ खजुरीया से क्याम्पस प्रमुख ५० बरीस के हरि भुषण प्रसाद कुशवाहा मोटरसाइकल पर खजुरिय से कलैया ओरी आवेके क्रम मे गोली मारके घायल बनवले रहलन ।
घायल के तत्काल ईलाज के खातिर बयोधा अस्पताल वीरगंज लेगईला मे ईलाज के समय मे कुशवाहा के मृत्यू भईल रहे ।






