वीरगंज से ६ जने बाल श्रमिक के उद्धार

भोटा. संवाददाता
वीरगंज ०८ माघ,
वीरगंज के एक होटल से ६ जने बाल श्रमिक के उद्धार कईल गईल बा । वीरगंज मुख्य सडकस्थित मुर्ली मे सञ्चालित अर्पण स्वीट्स मे काम करत आईल ६ जने लइका के उद्धार कईल गईल बा ।
४ जने नेपाली आ २ जने भारतीय बाल श्रमिक के उद्धार कईल बालमैत्री स्थानीय शासन के फोकल पर्सन मुकेश गुप्ता जानकारी देहनी । उद्दार कईल नेपाली लइका चारु जने धनुषा के आ भारतीय लइका सितमढी के रहल बाडन ।

वीरगंज मे होटल, नास्ता, मिठाई दोकान मोटरसाईकल ग्यारेज मे बाल श्रमिक प्रयोग होत आईल बा । उनका के कम पइसा देके श्रम करावत आईल बाडन । वीरगंज महानगरपालिका के बालमैत्री नगर घोषणा करेके उद्देश्य से बाल श्रमिक उद्धार हो रहल बा । उद्धार कईल श्रमिक लइकालइकी के महानगरपालिका आवर संसार नामक संस्था सँगे के सहकार्य मे सञ्चालन कईल बाल हेल्प लाइन मे लेजाके राखल गईल बा । बाल हेल्पलाइन मे उलोग के काउन्सिल करेके आ गारजियन के खोजी कईल जाला ।

बितल भादो २९ गते से बाल हेल्पलाइन सञ्चालन मे अईला के बाद २८ जने लइकालइकी के उद्धार हो चुकल बा । ११ जने भारतीय आ १७ जने नेपाली के उद्दार कईल गईल बा । उद्धार कईल २७ लइका आ १ लइकी मेसे १८ जने के पारिवारिक पुर्नमिलन करावल बाल हेल्पलाइन जनवले बा ।
१ जने के परवानीपुर स्थित आवर संसार के बालगृह मे राखल गईल आ ९ जने बाल हेल्पलाइन मे बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।