कोरोना भाइरस नियन्त्रण मे उच्च सतर्कता अपनावे खातिर सरकार के निर्देशन

काठमाण्डु १३ माघ,

चीन मे फईलल कोरोना भाइरस के प्रभाव नेपाल मे पडे ना देवे खातिर सरकार उच्च सतर्कता अपनावे खातिर निर्देशन देहले बा । प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के निर्देशन के बाद सोमार के दिने संस्कृति, पर्यटन तथा नागरिक उड्डयन मन्त्रालय सरोकारवाला निकाय के १२ बुँदे निर्देशन देहले बा ।

नेपाल भ्रमण बरीस २०२० के सन्दर्भ मे नेपाल के पर्यटन क्षेत्र आ जनस्वास्थ्य मे एकर नकारात्मक प्रभाव परे ना देवे खातिर अपनावेवाला पूर्वसतर्कता, जनचेतना आ समन्वय के सम्बन्ध मे छलफल करके निर्देशन देहल गईल मन्त्रालय के प्रवक्ता रुद्रसिंह तामाङ जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक त्रिभुवन अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल मे (हेल्थ डेस्क) स्वास्थ्य कक्ष स्थापना करके चीन से आईल पर्यटक मे उ भाइरस के सङ्क्रमण के अनुमान करे खातिर निर्देशन देहले बा ।
त्रिभुवन अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल कार्यालय तथा नेपाल नागरिक उड्डयन प्राधिकरण (क्यान) के नेपाल आवेवाला हवाईजहाजसब अवतरण करे से पहिले यात्रुलोग के हेल्थ डेस्क मे जाके आधारभूत जाँच करावे के व्यवस्था करे खातिर तथा विश्व स्वास्थ्य सङ्गठन से तोकल मापदण्ड मुताविक अवतरण के समय मे जहाज के सङ्क्रमण से बँचावे के व्यवस्था करे खातिर निर्देशन देहल गईल बा ।

एहितरे विमानस्थल मे कार्यरत कर्मचारीलोग के कार्यस्थल मे मास्क, पञ्जा आ जरुरत मुताविक आउर स्वास्थ्य सावधानी के उपायसब अवलम्बन करेके भी निर्देशन देहल गईल बा ।

होटल, ट्राभल तथा ट्रेकिङ एजेन्सी के पर्यटक मे भाइरस के कउनो भी लक्षण देखल गईला पर यथाशीघ्र तोकल गईल स्वास्थ्य संस्था मे पुगावे के व्यवस्था मिलावे खातिर निर्देशन देहल गईल बा । पर्यटक के सेवा देवेवाला निजी क्षेत्र के सभी संस्था उ भाइरस के बारे मे अवलम्बन करेवाला सजगता एवं पूर्वसावधानी सम्बन्ध मे आपन कर्मचारी के तत्काल सुसूचित करावेके, कउनो भी स्वास्थ्य सम्बन्धी उल्लेखित भाइरस से आवे सकेवाला समस्या के सम्बन्ध मे स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालय से उपलब्ध करावल सूचना एवं करेवाला जरुरी सहजोग मे पूर्ण सक्रियता के साथ काम करेके दिर्नेशन देहल गईल बा ।

नेपाल मे स्थलमार्ग से पर्यटक प्रवेश करेवाला जगहा रसुवा, यारी नाका लगायत उत्तरी सीमा नाकासब सहित मे उल्लिखित सतर्कता आ पूर्वसावधानीसब अपनावेके, भाइरस के सम्भावना भईल मरेजी के तत्काल ‘आइसोलेसन’ मे राखेवाला भईला से ई सम्बन्ध मे सभी से पूर्वसावधानी एवं सजगता के साथ काम करेके निर्देशन देहल गईल प्रवक्ता तामाङ जानकारी देहनी ।

एहितरे चिनियाँ पर्यटक के बेसी उपस्थिति होखेवाला काठमाण्डु, पोखरा, चितवन आ लुम्बिनी जईसन जगहासब मे विशेष पूर्वसावधानी अवलम्बन करेके, कोरोना भाइरस से बँचेके आ बँचावे के जनचेतना वृद्धि करेके, आदमी के बहुते आवतजावत होखेवाला धार्मिक, सांस्कृतिक जगहासब मे सचेतनामूलक प्रचारप्रसार काम सञ्चालन करेके निर्देशन देहल गईल बा ।

कोरोना भाइरस सम्बन्धी स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालय से तइयार कईल पोस्टर, पम्प्लेट, सूचनामूलक आउर प्रचार सामान पर्यटन विभाग आ नेपाल पर्यटन बोर्ड के समन्वय मे प्राप्त करके प्रमुख होटल तथा ट्राभल आ ट्रेकिङ कम्पनी के कार्यस्थल मे पर्यटक से देखेवाला किसिम से राखेवाला व्यवस्था मिलावे के निर्देशन देहल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।