१२ लाख अवैध भारतीय रोपेया सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज १५ माघ,

पर्सा पुलीस वीरगंज से १२ लाख अवैध भारतीय रोपेया सहित एक जने के पकडले बा । भारत हिमाञ्चल प्रदेश धौलाकुवा ग्राम पञ्चायत ढोलकवा रहेवाला ३२ बरीस के सुभाष चन्द के पकडले बा ।

चन्द के साथ से प्रतिबन्धित भारतीय रोपेया २ हजार दर के नोेट ६ सय थान मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता डीएसपी विरेन्द्र शाही जानकारी देहनी ।
बा.६ च.७४४० नम्बर के कार रिजर्भ करके रक्सौल से आईल चन्द के आजु दिन के वीरगंज घण्टाघर मे पुलीस भारु सहित पकडले रहे ।

उनका के जरुरी कारबाही के खातिर आन्तरिक राजश्व कार्यालय पथलैया मे पठावे के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।