चितवन मे एसपी गुरुङ आ पर्सा मे पन्त

काठमाण्डु २१ माघ,

एक महिना से नेतृत्वविहीन बनल जिल्ला प्रहरी कार्यालय चितवन मे प्रहरी प्रधान कार्यालय प्रहरी उपरीक्षक (एसपी) नान्तिराज गुरुङ के पठावल गईल बा ।

चितवन मे सरुवा कईल एसपी गंगा पन्त राजनीतिक दबाब के चलते चितवन जाए ना सकला के बाद विकल्प मे नयाँ एसपी के अगाडि बढावल गईल बा । प्रहरी प्रधान कार्यालय के प्रवक्ता शैलेश थापा क्षेत्री चितवन मे गुरुङ के पठावल गईल पुष्टि कईले बानी ।

एकरा से पहिले प्रहरी प्रधान कार्यालय नक्साल ४ पुस मे २५ जने प्रहरी उपरीक्षक (एसपी) के सरुवा सूची सार्वजनिक कईले रहे, जउना मे चितवन के तत्कालीन एसपी दानबहादुर मल्ल के विमानस्थल सुरक्षा प्रहरी कार्यालय मे सरुवा भईल ।

चितवन मे पन्त के पठावल जाई । माकिर, नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी के अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल “प्रचण्ड” के आड मे मल्ल पुलीस हेडक्वार्टर के आदेश ना मननी । प्रचण्ड के कहके उ सरूवा थमौती माँगे ओरी लागला के बाद विवाद भईल रहे ।

प्रचण्ड के पूर्वनिजी सुरक्षा अधिकृत (पीएसओ) मल्ल के चितवन से रमाना लेवेमे बाध्य बनावे खातिर प्रदेश प्रहरी कार्यालय लिखित निर्देशन हि पठावेके पडल रहे । मल्ल प्रदेश प्रहरी के निर्देशन भी ना मनले रहनी । माकिर बहुते दबाव के बाद २४ घन्टा मे रमाना बुझनी ।

प्रचण्ड आ नेपाली कांग्रेस सभापति शेरबहादुर देउवा सम्बन्धी स्टाटस मे पन्त फेसबुक कमेन्ट मे “रिप” लिखला के बाद उनकर कुछ आलोचना भईल रहे । उहे विषय के लेके पन्त के चितवन मे जाएसे रोक लगावल गईल प्रहरी अधिकृतलोग बतावेलन ।

पन्त के चितवन पठावे ना सकला के बाद पुलीस हेडक्वार्टर उनका के पर्सा के जिम्मेवारी देहले बा । फेसबुक मे लिखल कमेन्ट के चलते विवाद मे अईला पर भी उनका के पुलीस भितर व्यवसायिक अधिकृत मानल जाला ।

पर्सा मे रहल अभी के एसपी सोमेन्द्रसिंह राठौर के काठमाण्डु पुलीस परिसर, टेकु मे लियावल गईल बा । उ अपराध अनुसन्धान मे पोख्त अधिकृत हई । राठौर एकरा से पहिले महानगरीय अपराध अनुसन्धान महाशाखा मे काम कईल अनुभव बा ।

बारा मे प्रहरी उपरीक्षक कृष्ण पंगेनी के पठावेके जनावल गईल बा । एकरा से पहिले पन्त के विकल्प मे उनकर नाम चितवन के खातिर चर्चा मे आईल रहे ।
काठमाण्डु पुलीस के एसपी अशोक सिंह के प्रहरी प्रधान कार्यालय इन्टरपोल शाखा मे सरुवा भईल बा आ बारा के एसपी विकास खनाल के ५ नं. प्रदेश प्रदेश दंगा नियन्त्रण गण, सुनवल मे सरुवा भईल बा ।

खनाल साढे ३३ किलो सोना तस्करी प्रकरण के आरोपित भईला पर भी उनका के प्रहरी प्रधान कार्यालय आकर्षक पोष्टिङ देहले रहे । उलथा ः अनलाईन

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।