ठोरी गा.पा.द्धारा पशुपालक किसानलोग के घाँस काटेवाला मसिन सहजोग

पोखरिया ०२ फागुन,

पर्सा के ठोरी गाँवपालिका मे पशुपालक किसानलोग के प्रोत्साहित करे खातिर अनुदान कार्जक्रम लिआईल बा । गाँवपालिका समूह मे आवद्ध पशुपालक किसान के अनुदान मे कृषि औजार घाँस काटेवाला उपकरण सहजोग कईल जनावल गईल बा ।

पशुपालन करेवाला किसान के प्रोत्साहन करेके उदेश्य से गाँवपालिका १० जने पशुपालक किसानलोग के आजु एगो कार्जक्रम के बिच घास काटेवाला उपकरण सहजोग कईल गाँवपालिका के अध्यक्ष पदम बहादुर श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।

‘व्यवसायिक तरिका से पशुपालन करेवाला किसान के लक्षित करके गाँवपालिका से अनुदान कार्जक्रम लिआईल बा,’ कहत उ, ‘पहिलका चरण मे १० गो घास काटेवाला उपकरण किनल गईल बा, एकरा से पशुपालक किसान के पशुसब के घास काट के खियावे मे सहज भईल बा’ कहके बतवनी ।

गाँवपालिका मे रहल पशुपालक बकरी, गाई, भईस लगायत मे अनुदान स्वरुप मे सहजोग पुगेके बतवनी । कृषि सहकारी के अनुदान कार्जक्रम मे समावेश करेम,’ कहत अध्यक्ष श्रेष्ठ ‘पशुपालक किसानलोग के काम के अनुगमन करके घास काटेवाला मसिन देहल बतवनी । पशुपालक किसानलोग के घाँस काटेवाला उपकरण बितरण के साथे पहिले गाँवपालिका कृषकलोग के अनेकन किसिम के समानसब बितरण कर रहल बा ।

हाथे ट्रेक्टर आ पानी तानेवाला मोटर निःशुल्क देहला के साथे बिजुली जडान भी कईल गईल बतवनी ।
गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत धर्मराज थापा ९ हर्सपावर के ५ गो ट्याक्टर ६५ हजार के दर से किन के कृषक समूह के बाँटल गईल जानकारी देहनी । २ गो कृषि सहकारी आ ३ गो कृषक समूह के सामुहिक प्रायोजन के खातिर हाते टयाक्टर हस्तान्तरण कईल उनकर कहनाम बा ।

गाँवपालिका मे ८ गो कृषि सहकारी आ ३ गो कृषक समूह दर्ता बा ।
मापदण्ड पुरा भईल ना भईल बुझ के गाँवपालिका उलोग के भी सहजोग कईला मे गाँवपालिका के किसानलोग खुशी भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।