महानगरपालिका के सभी बिद्यालयसब मे सेनेटरीपैड मशिन जोडल जा रहल

वीरगंज ०४ फागुन,
वीरगंज महानगरपालिका अन्र्तगत के सभी विद्यालयसब मे निःशुल्क सेनेटरी पैड बितरण काम सुरु कईल गईल बा ।
बितल बरीस से सुरु कईल उ अभियान के विद्यालयसब मे स्नेटरी पैड मशिन जडान करके निरन्र्तरता देवेके अभियान मे वीरगंज महानगरपालिका लागल बा । वीरगंज महानगरपालिका मितर रहल सभी माध्यमिक तथा निम्नमाध्यमिक विद्यालयसब मे स्नेटरी पैड मशिन जोडेके काम सुरु भईल बा ।
नगर प्रमुख बिजय कुमार सरावगी बितल बरीस निःशुल्क स्नेटरी पैड बितरण कार्जक्रम मे घोषणा कईल मुताविक महानगरपालिका विद्यालयसब मे स्नेटरी पैड मशिन जडान अभियान के आजु एगो कार्ज क्रम के बिच सुरु कईल गईल बा । जरुरत मुताविक एटिएम जइसन स्नेटरी पैड निकाले सकेवाला उ मशिन महानगरपालिका मे रहल सभी ९२ गो मसिन जडान करेके महानगरपालिका जनवले बा ।
एतवार के दिने सबेरे एक कार्जक्रम करके जडान करेवाला मसिन संचालन के बारे मे प्राविधिक जानकारी करावल गईल रहे । वीरगंज महानगरपालिका नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी, उपमेयर शान्ति कार्की आ शैक्षिक महाशखा के प्रमुख अरबिन्दलाल कर्ण के विशेष उपस्थिती मे रहल उ कार्जक्रम मे मसिनसब मे पैड राखेके आ लइकीलोग जरुरत मुताविक सहज रुप मे निकाले सकवाला काम के बारेमे जानकारी भी करावल गईल रहे ।






