युवा कवि सत्येन्द्र आ कवीन्द्र “बज़्म-ए-हबीब सम्मान – 2020” से सम्मानित भइले

छपरा ०६ फागुन,
साहित्यिक आ सामाजिक संस्था “बजÞ्म–ए–हबीब” भोजपुरी माई भाषा के विकास खातिर कवि आ साहित्यकार लोगन के प्रोत्साहित करे के आपन वर्ष २०२० मुहिम के शुरुआत कइलस । ए मुहिम में संस्था के समिति छपरा के माटी से भोजपुरी भाषा के दू गो होनहार युवा कवि के चयन कइलस ।
छपरा में एगो साहित्यिक गोष्ठी के आयोजन क के चयनित दूगो युवा कवि डा. सत्येंद्र सिताबदियारवी आ कवीन्द्र कुमार बौद्ध के फूल माला पहिना के “बजÞ्म–ए–हबीब” सम्मान देहलस । ए दूनी कवि लोगन के फूल माला पहिना के सम्मान पत्र संस्था के सचिव आ मशहूर कवि आ शायर ऐनुल बरौलवी तथा जिला अल्पसंख्यक कल्याण पदाधिकारी, सारण उपेंद्र कुमार यादव दूनु लोग आपना हाथ से देहलन ।
ए सम्मान समारोह मेंं कवि सुहैल अहमद हाशमी, प्रो. शकील अनवर, वसीम रजा आ विजय बहादुर साह (फौजी) आदि उपस्थित रहलन ।
बाद मेंं एगो काव्य गोष्ठी प्रो. शकील अनवर के अध्यक्षता में भइल । जेके संचालन कवि सुहैल अहमद हाशमी कइले । काव्य पाठ करे वाला में कवि आ शायर ऐनुल बरौलवी, कवींद्र कुमार बौद्ध, डा. सत्येंद्र सिताबदियारवी, सुहैल अहमद हाशमी आ प्रो. शकील अनवर आदि रहले ।
सभे कवि एक से बढ़ के एक आपन रचना पढ़ले । धन्यवाद ज्ञापित प्रो. शकील अनवर कइले रहलें ।






