महाशिवरात्रि के अवसर मे जीराभावनी मे मेला सुरु, प्रजिअ आ एसपीद्वारा अवलोकन

जीराभवानी ०९ फागुन,
फागुन कृष्ण चतुर्दशी के दिन मनावेवाला महाशिवरात्रि पर्व आराध्यदेव भगवान् शिव के पूजा–आराधना करके आजु देशभर के साथे पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे रहल एतिहासिक मेला जिराभवानी माई प्रचलित बाबा बटेशवरनाथ के मेला सुरु भईल बा ।
वैदिक सनातन हिन्दू धर्मावलम्बीलोग आजु सबेरे से नदी, कुण्ड आ तलाउ मे नहाधोवा के शिवालय मे जोक श्रद्धाभक्तिपूर्वक पूजा–आराधना कईले बाडन ।
शिउत्पत्ति भईल रात के नाम से नामकरण भईल ई पर्व कालरात्रि, मोहरात्रि, सुखरात्रि आ शिवरात्रि नामक चार प्रमुख रात्रि मेसे एक पवित्र पर्व के रूप मे शिव पुराण लगायत के ग्रन्थ मे उल्लेख बा । फागुन कृष्ण चतुर्दशी के दिन मनावेवाला ई पर्व के दीनदुःखी आ कष्टपूर्ण अवस्था मे रहल प्राणी के हृदय मे धर्म के उदय करावे के आशुतोष भगवान् शिव के बहुते प्यारा दिन के रूप मे भी लेहल जाला ।
माघ मे महादेव के रुद्रत्व अर्थात् जगत के रोवावेवाला आ संहार करेवाला तत्व के चलते पत्रविहीन होके जीर्ण हो रहल गाछि, पौधा तथा झार उहे महादेव के शिवत्व (जगत के कल्याण करेवाला तत्व) के चलते होखे लागला से फागुन मे शिवरात्रि मनावे के कहनाम रहल बा । व्रत मेसे सर्वोत्तम कहल गईल महाशिवरात्रि के दिन आजु भक्तजन शुद्ध होके शिव मन्दिर मे पूजा–अर्चना करके व्रत रहेके आ भगवान् शिव के प्रिय वस्तु दूध, धतुर आ बेलपत्र चढाव जाला ।
ई पर्व के दिन उपवास करके रातभर जाग्राम रहला पर सर्वसिद्धि लाभ होके यमलोक जाए ना पडेके धार्मिक विश्वास बा । आजु से १० दिन तक जिराभवानी मेला लागेला ।
जिराभवानी गाँवपालिका अन्तर्गत पडेवाला पाँचु वार्ड के भक्तजनलोग तथा पडोसी गाँवपालिका लगायत भारत बिहार के बेतिया, बनारस के भक्तजनलोग मेला दर्शन करे आवेलन । भगवान् श्री बटेशवरनाथ के दर्शन करे आ शिवरात्रि पर्व के मेला देखे खातिर आजु पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र के अनेकन भाग लगायत पडोसी देश भारत बिहार के तीर्थयात्री के जिराभवानी मन्दिर मे भिड लागल बा ।ई बरीस जिराभवानी मेला के जिम्मेवारी स्थानीय के देहल गईल गाँवपालिका स्रोत जनवले बा ।
एहितरे जिराभवानी क्षेत्र मे मेला देखे आवेवाला भक्तजन के सुविधा के खातिर ई बरीस विशेष प्रबन्ध मिलावल गईल मेला समिती के सदस्य सुभनारायन पटेल बतवले बानी । बितल बरीस से हि गाँजा, भाङ, धतुरो लगायत लागुपदार्थ निषेध कईल गईल रहे । ई बरीस ओकरा के निरन्तरता देहल गईल बा । अइसन पदार्थ सेवन आ बेचबिखन तथा उछलिङगित क्रियाकलाप कईल मिलला पर पुलीस से कारवाही करेके बतवले बानी ।
साथे मेला मे भक्तजनलोग के खातिर युवा प्रगती समाज संघ नेपाल के आयोजना मे निशुल्क पानी बाँटेके तथा गाँवपालिका द्वारा निःशुल्क स्वास्थ सिबिर भी चलावेके जनावल गईल बा ।
मेला मे दर्शकलोग के मनोरञ्जन के खातिर मौतकुवा, रोटेपिङ, रेल, झुलुवा, जादूगर बिषेश आकर्षक स्टलसब रह मेला समिती के अध्यक्ष प्रेम खवास थारू बतवले बानी । एहितरे आजु के मेला मे पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी बिष्णु कुमार कार्की आ प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त मेला के निरक्षण कईला के साथे विशेष पुजा कईल मेला समिति जनवले बा ।






