स्कुटी दुर्टघटना मे एक के मृत्यु, एक घायल

प्रभु यादव

बारा ०२ चईत,
बारा के जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर ४ औराहा मे स्कुटी लडला से एक जने के मृत्यु भईल बा आ दोसर एक जने घायल होके अस्पताल मे भर्ना भईल बाडन ।

आजु साँझीया के करिब ६ बजे के समय मे सिमरा से औराहा के ओर जाए के समय मे ना २६ प २२८२ नम्बर के स्कुटी काबु बाहर भइला पर रास्ता मे रोक के राखल ना ५ ख १५२ नम्बर के ट्रक के पछाडी से ठोकला से जीतपुरसिमरा १८ के १७ बरीस के दिपक चौधरी के मृत्यु भईल बा ।

घटना मे स्कुटी चालावनिहार ओही जगह के अन्दाजी १९ बरीस के हरेन्द्र चौधरी घायल भईल ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा जानकारी देहले बा ।

मुडी मे बहुते जोड से चोट लगला से दिपक के अल्पाईन अस्पताल सिमरा मे दवाई करावे के क्रम मे मृत्यु भईल प्रहरी जनाकारी करावले बा । प्रहरी के मुताविक मुडिमे चोट देखला पर हरेन्द्र के वीरगंज के न्युरो अस्पताल मे दवाई करावल जारहल जनकारी आईल बा ।

स्कुटी आ ट्रक के चालक सहित ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा राखल गईल पुलीस जानकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।