बारागढी ३ मे ९ सय ८ परिवार के राहत बाँटल गईल
प्रभु यादव
बारा २० बैशाख
बारा जिल्ला के बारागढी गाँवपालिका वार्ड नम्वर ३ मे ९ सय आठ परिवार के राहत बाँटल गईल बा । विश्व मे महामारी के रूप मे फईलल कोरोना भाईरस से बँचेला सरकार से लगावल बन्दाबन्दी से कमदार आ गरीब लोग मे खाएला राहत बाटल गईल वार्ड अध्यक्ष छठु राउत अहिर जनकारी करावले बानी ।
चार जने के परिवार रहल घर मे चाउर २० किलो, दाल १ किलो, चिनि १ किलो, नुन १ किलो, तेल १ लिटर आ चिउरा २ किलो के दर से एक सय ५८ जने के देहल गईल अहिर जनकारी करावले बाडन ।
पाच जने से अधिका संख्या मे रहल परिवार भईल घर मे ३० किलो चाउर, २ किलो दाल, २ लिटर तेल, १ किलो चिनी, १ किलो नुन आ ४ किलो चिउरा के दर से सात सय ५० घर मे राहत पुगावल गवल गईल अघ्यक्ष अहिर जनकारी करावले बानी ।
राहत वितरण कार्जक्रम मे गाँवपालिका उपाध्यक्ष लक्ष्मी देवी राय, वर्ड सदस्य योगेन्द्र साह कानु, मुखा मुखिया, कलावती देवी चौधरी, मनोज मुखिया लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






