
काठमाण्डु, २३ वैशाख,
सभामुख अग्निप्रसाद सापकोटा सङ्घीय संसद् सचिवालय के नवनियुक्त महासचिव डा भरतराज गौतम के पद तथा गोपनियता के शपथ करवले बानी ।
सिंहदरबार मे आजु आयोजना कईल कार्जक्रम मे सभामुख महासचिव के पद तथा गोपनियता के शपथ करवले बानी ।
उ अवसर मे राष्ट्रियसभा के अध्यक्ष, सङ्घीय संसद् के अनेकन समिति के सभापति, सांसद तथा सचिवालय के कर्मचारी के उपस्थिति रहे ।
शपथ के बाद सञ्चारकर्मी से सङ्क्षिप्त प्रतिक्रिया देत महासचिव गौतम प्रतिनिधिसभा आ राष्ट्रियसभाबीच समन्वय करेके आपन मुख्य जिम्मेवारी भईल बतवनी ।
सभामुख आ राष्ट्रियसभा के अध्यक्ष खुद के महासचिव के रूप मे सिफारिश कईला मे उनका उपर आभार प्रकट कइनी ।
“एगो राष्ट्रसेवक कर्मचारी आपन जगहा मे रहके जईसन भूमिका निर्वाह करेके पडि, संविधान, नियमावली आ कर्मचारी प्रशासन सम्बन्धी व्यवस्था के ध्यान मे राख के व्यावसायिकता के साथ काम पुरा करेके प्रण करत बानी”, कहके बतवनी ।
शपथ के बाद उ महासचिव के कार्यकक्ष मे पदवहाली कईले रहनी ।






