उपप्रधानमन्त्री पोखरेल सँगे राष्ट्रसङ्घीय प्रतिनिधि के भेटवार्ता

काठमाण्डु २३ वैशाख,
उपप्रधानमन्त्री एवं रक्षा मन्त्री तथा कोरोना भाइरस नियन्त्रण तथा रोकथाम उच्चस्तरीय समन्वय समिति के संयोजक ईश्वर पोखरेल सँगे नेपालस्थित आजु संयुक्त राष्ट्रसङ्घ के संयोजक भ्यालेरी जुलियाण्ड आ विश्व स्वास्थ्य सङ्गठन के नेपाल प्रतिनिधि जोश भ्याण्डेलार शिष्टाचार भेट कईले बानी ।
उ अवसर मे उलोग बीच नेपाल सरकार से कोरोना रोकथाम आ नियन्त्रण मे अभी जारी राखल पहल आ स्थिति के बारे मे छलफल भईल रक्षा मन्त्रालय के सहप्रवक्ता मनोजकुमार आचार्य जानकारी देहनी । रा
प्रतिनिधिलोग सीमित स्रोत साधन के बीच नेपाल कोरोना रोकथाम मे चालल कदमसब प्रशंसनीय रहल आ आउर जरुरी सहजोग पडला पर उपलब्ध करावे के विश्वास व्यक्त कईले रहनी ।
उलोग क्वारेन्टाइन मे रहल जनानी आ लईकालइकी के विशेष तरिका से व्यवहार कईला के साथे बन्दाबन्दी के अवधि के बारे मे निर्णय कईला पर एके बेर खुला करेके ना होके समग्र परिस्थिति विचार करके क्रमशः करे खातिर भी सुझाव देहल आचार्य जानकारी देहनी ।





