एके परिवार के १७ जने मे कोरोना संक्रमण, नेपाल मे दु महिना के बच्चा सहित संक्रमित के संख्या ९९

वीरगंज २४ बैशाख,
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ३ छपकैया के एके परिवार के १७ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
जउना मे दु महिना, ६ महिना के लईकालईकी से लेके ६६ बरीस तक के १७ जने रहल नारायणी अस्पताल स्रोत जनवले बा । नेपाल मे पहिलका बेर दु महिना के बच्चा मे भी कोरोना भाइरस संक्रमण देखल गईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका–३ छपकैयास्थित उहे परिवार के ३६ बरीस के पुरुष के कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण भईल एतवार के दिने पुष्टि भईल रहे ।
ओकरा बाद परिवार के सदस्य आ उनकर सम्पर्क मे आईललोग के परीक्षण कईल रहे ।
उ समय मे उनकर परिवार के सभी सदस्य के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा के मुताविक आजु पर्सा के दु महिना से ६६ बरीस तक करके १७ जने मे कोरोना पोजिटिभ देखल गईल बा ।
जउना मेसे सात जनानी आ १० पुरुष बाडन । एकरा सँगे संक्रमित के संख्या ९९ पुगल बा । २२ जने ठिक भईल बाडन ।
प्रवक्ता देवकोटा के मुताविक अभी तक पीसीआर विधि से १४ हजार ९६ नमुना परीक्षण भईल बा आ आरडीटी विधि से ५२ हजार ९ सय ७० जने मे कोरोना परीक्षण भईल बा ।
प्रवक्ता देवकोटा के मुताविक पिछिलका २४ घण्टा मे ९ सय ९१ नमुना परीक्षण भईल बा ।
संक्रमित सभी जने के वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे लियावल गईल अस्पताल स्रोत जनवले बा ।
अभी नारायणी अस्पताल मे १०० बेड के आईसोलेसन वार्ड तइयारी अवस्था मे राखल गईल बा । नारायणी अस्पताल मे अभी २८ जने के ईलाज हो रहल बा ।





