वीरगंज के मेनरोड बन्द, बाकी सब रोड खुला

वीरगंज २० जेठ
पर्सा जिल्ला मे कोरोना संक्रमण नियन्त्रण के खातिर कईल लकडाउन के नाम मे वीरगंज मे पर्सा पुलीस के ज्यादती बढल बा ।
लकडाउन के नाम मे पुलीस सर्वसाधारण के दुःख देवेके, धम्कावेके, डेरवावे के जईसन काम करत अईल समाचारसब बारम्बार प्रकाशन मे आ रहल बा ।
वीरगंज के मुख्य सडक घण्टाघर से माइस्थान, आदर्शनगर, अलखियामठ लगायत के जगहा मे पुलीस के चेकजाँच कडा बा ।
मुख्य सडक मे मात्र पुलीस के ड्युटी तैनाथ बा आ गल्ली गल्ली, टोलटोल मे कउनो किसिम के गस्ती नइखे । पर्सा जिल्ला के वीरगंज के मुख्य सडक बाहेक आउर कउनो भी जगहा मे लकडाउन के प्रभाव नइखे ।
अईसन अवस्था देखला पर स्थानिय सचेतवर्गलोग कोरोना भाइरस मुख्यसडक से मात्र पाटी आ दोसर सडकसब से ना पाटि का कहके सवाल कर रहल बाडन । कारण मेनरोड मे मात्र स्थानिय पुलीस प्रशासन के ध्यान गईल बा । मनेरोड मे पुलीस केहु के भी जान देहले नइखे ।
माकिर बाकी सहायक सडक आ गल्लीसब मे भिड देखला पर जे केहु भी सजिलो कहके सकि कि वीरगंज मे कउनो लकडाउन नइखे ।
मेनरोड आरपार करे मे भी पलीस धाकधम्की देखा रहल सर्वसाधारणलोग सिकाईत कईले बाडन ।
देश मे कईल लकडाउन के लगभग ३ महिना होखे लागला पर सर्वसाधारण हरान होके घरबाहर निकले के खोज रहल बाडन ।
तीन महिना के लकडाउन के चतले आर्थिक अवस्था तहस नहस हो चुकल बा, व्यापारीलोग के व्यापार बन्द होके अवस्था नाजुक बन चुकल बा आ दैनिक ज्यालादारी मे काम करके जिविकोपार्जन करेवाला लोग के दैनिकी जीवन कष्टकर बन रहल बा ।
लकडाउन से पिडित वीरगंज के व्यापारीलोग दोकान खोलेके पडि कहके रोड पर हि उतरलें ।
ई अवस्था मे पुलीस प्रशासन अभी वीरगंज मे लकडाउन सहज बनवले बा । महानगर के गल्ली गल्ली मे किराना तथा आउर दोकानसब खुल चुकल बा ।
दोकान खुलला से सर्वसाधारणलोग के भिड भी बढ रहल बा उ गल्लीसब मे । मेन रोड मे आदमी के देखते मातर पुलीस के अपराधी हि मिलल जईसन व्यवहार कररहल बाडन ।
मेनरोड मे कउनो छोटा सवारी साइकल अर्थात मोटरसाइकल देखते मातर मुख्य सडक मे खटल सुरक्षाकर्मीलोग उ यात्री के तत्काल धम्की देत भगा रहल बाडन ।
मुख्य सडक से स्वास्थ्यकर्मी तथा सुरक्षाकर्मी बाहेक दोसर के आवत जावत मे रोक लगावल बा माकिर गल्ली के रोड से आवत जावत करेमे कउनो किसिम के रोकटोक नइखे । ई कईसन नियम कानून ह ? कोरोना भाइरस मुख्य सडक मे मात्र पाटी ?
ई सन्दर्भ मे पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित कुमार बस्नेत जिल्ला संकट व्यवस्थापन समिति के निर्णय मुताविक बेसी भीडभाड होखेवाला जगहा मे स्वास्थ्यकर्मी आ सुरक्षाकर्मी बोहक आउर सभी के सवारी आवागमन मे रोक लगावल बतवनी ।
उ त्रिभुवन राजपथ अन्तर्गत पडेवाला सडक पावरहाउस चोक से रजतजयन्ती चोक तक के मुख्य सडक लगायत घण्टाघर, माइस्थान, आदर्शनगर जईसन बेसी भीडभाड होखेवाला जगहा मे पुलीस तैनाथ कईल बतवनी ।






