एमसीसी सम्झौता राष्ट्रघाती बा : अध्यक्ष पटेल

वीरगंज २६ जेठ
सरकार से पास करे लागल मिलेनियम च्यालेन्सज कर्पाेरेसन (एमसीसी) कम्प्याक्ट सम्झौता विरुद्ध हिन्दु परिषद नेपाल वीरगंज मे बिरोध प्रदर्शन कईले बा ।
वीरगंज के घण्टाघर चौक मे हिन्दु परिषद नेपाल के केन्द्रिय अध्यक्ष सन्तोष पटेल लगायत के पदाधिकारी, सदस्यलोग एमसीसी के विरोध मे प्रर्दशन कईले बाडन ।
विरोध प्रर्दशन मे सहभागीलोग राष्ट्र विरोधी सम्झौता एमसीसी खारेज कर, एमसीसी ना चाहिं, लागु करेके ना मिली, देशद्रोही नेता मुर्दाबाद, देश बेंचे ना मिली लगातय के नारा लिखल प्लेकार्ड सहित प्रर्दशन कईले रहलन ।
विरोध प्रर्दशन के बाद आयोजना कईल कोणसभा के सम्बोधन करत परिषद के केन्द्रिय अध्यक्ष पटेल एमसीसी सम्झौता नेपाल आ नेपाली के दास बनावेवाला राष्ट्रघाती सम्झौता भईला से एकरा के खारेजी करेके माग कइले बानी ।
लकडाउन के समय भईला से सांकेतीक रुप मे हि विरोध मे उतरल बानीसन्, जदी एमसीसी सम्झौता खारेज ना भईला पर देशभर हि आपन संगठन विरोध मे उतरी कहके चेतावनी देहनी ।
अभी देश मे कोरोना माहामारी फईलल बा, एकर रोकथाम आ नियन्त्रण करे खातिर लगावल गईल लकडाउन के पालना करत सामाजिक दुरी बनावत संगठन अनेकन जुलुस, विरोध, ज्ञापन पत्र, जनजागरण अभियान मार्फत दबाब देत एमसीसी सम्झौता खारेज करावे के अध्यक्ष पटेल दाबी कइनी ।
विरोध कार्जक्रम मे परिषद के केन्द्रिय महासचिव अनिरुद्ध सिंह नेपाली जनता के मनोबल कमजोर करेके उदेश्य से एमसीसी सम्झौता भईल बा आ सनातन धर्म के समाप्त करके नेपाल के क्रिशचन राष्ट्र बनावे खातिर पईसा के बल मे लियावल सम्झौता खारेज होखेके माग कइनी ।
विरोध प्रदर्शन मे परिषद के केन्द्रिय कोषाध्यक्ष संजय सरार्फ, केन्द्रिय सदस्य श्रीराम उपाध्याय, सुरेश साह कानू, लालबाबु प्रसाद कुर्मी, सचितानंद दुबे, भरत सर्राफ, अजय गुप्ता, आजीव सदस्य मदन प्रसाद कुर्मी, पर्सा जिल्ला अध्यक्ष हरेन्द्र पटेल लगायत के सहभागिता रहल रहे ।





