आगलागी पिडित के सहजोग देहल गईल

बारा २७ असाढ
बारा जिल्ला के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. २३ पश्चिम टोल बैराटपुर रहेवाला छोटेलाल पटेल के घर इहे महिना के २० गते रात के २ बजे आगी लागल रहे ।
आगी से जरके राखी भईल पीडित परिवार के खातिर फेशबुक मार्फÞत सहजोग के खातिर समाजसेवी बृजेश्वर प्रसाद चौधरी से निहोरा कईला के बाद सहजोगी जय लक्ष्मी बचत तथा ऋण सहकारी संस्था के अघ्यक्ष नग नारायण सिह आपन ब्यक्तिगत खर्च से सहजोग कईले बाडन ।
३० किलो के १ बोरा चाउर, २० किलो के १ बोरा आटा, तथा साग सब्जी खातिर रु ५०० रोपेया चौधरी सहजोग कईले बानी ।
ई सहजोग देवेके अवसर मे बृजेशवर प्रसाद चौधरी, अभिषेक तिवारी, स्थानीय असलम अन्सारी, राजकिशोर दास, पवन पटेल, प्रभु दास, बृजकिशोर पटेल, किशोरी शर्मा, जहांगीर हवारी, सलिम अन्सारी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
समाजसेजी अध्यक्ष चौधरी से देहल राहत सामान के पीडित कलावती देवी कुर्मी के घर मे पुग के देहले रहनी ।
उ आगलागी से भईंस, पाडा, बकरी, घर के अन्न, कपडा लगायत के सामान जरके नोक्सान भईल रहे ।






