सार्वजनिक यातायात क्षेत्र के समस्या समाधान कईल जाई : प्रम

काठमाण्डु, १ सावन
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली सार्वजनिक यातायात सञ्चालन के खातिर आपन सामथ्र्य से सकेभर सहजोग करेके बतवले बानी ।
कोभिड–१९ के महामारी के बाद यातायात सञ्चालन मे देखल गईल समस्या के बारे मे ज्ञापनपत्र बुझावे खातिर आजु प्रधानमन्त्री निवास बालुवाटार गईल यातायात व्यवसायी आ मजदूर सङ्गठन के नेता के प्रतिनिधिमण्डल से बात करत प्रधानमन्त्री ओली महामारी के चलते प्रभावित सभी क्षेत्र के समस्या राज्य से देखेवाला भईला से आपन सामथ्र्यअनुरुप समाधान मे अग्रसर रहेके बतवनी ।
“कोभिड–१९ के महामारी के बाद सभी क्षेत्र प्रभावित भईल बा ।
जनता के दैनिक जीविका, विकास, अर्थतन्त्र आ सेवा, सभी क्षेत्र मे एकर प्रभाव बा”, कहत प्रधानमन्त्री ओली, “सभी क्षेत्र के समस्या सरकार से समाधान कईला से होखित कहके पड रहल बा, अईसन स्वाभाविक भी ह ।
सार्वजनिक यातायात सञ्चालन करे खातिर कईसन सहजोग कईल जा सकता, सरकार से पहल करी ।”
उ अवसर मे नेपाल यातायात व्यवसायी राष्ट्रिय महासङ्घ आ यातायात मजदूर सङ्गठन के प्रतिनिधि प्रधानमन्त्री ओली सँगे आपन समस्या प्रस्तुत कईले रहनी ।
प्रतिनिधिमण्डल मे महासङ्घ के अध्यक्ष योगेन्द्रनाथ कर्माचार्य, महासचिव सरोज सिटौला आ उपमहासचिव वसन्त भण्डारी तथा सङ्गठन के अध्यक्ष भीमज्वाला राई, अखिल नेपाल यातायात मजदूर सङ्घ के रामचन्द्र कार्की आ नेपाल यातायात मजदूर सङ्घ के धर्मराज भण्डारी सहभागी रहनी ।






