निषेधाज्ञा के दुसरका दिन से वीरगंज मे कोरोना के मास टेस्टिङ सुरु, ५० हजार परीक्षण होखी

वीरगंज ११ सावन
सुमदाय मे कोरोना संक्रमण फईलल आशंका के बाद वीरगंज मे आजु से कोरोना के मास टेस्टिङ (समुदायस्तर मे परीक्षण) सुरु कईल बा ।
सावन महिना सुरु भईला के बाद नयाँ संक्रमित के संख्या बढला के साथे आइसोलेशन मे संक्रमित के मृत्यु भी होखे लागला के बाद वीरगंज मे समुदायस्तर मे कोरोना संक्रमण फईलल आशंका विज्ञलोग के बा ।
उहे मुताविक बितल शुक के दिने बईठल जिल्ला संकट व्यवस्थापन केन्द्र के बईठक से वीरगंज महानगर क्षेत्र मे परीक्षण के दायरा बढाके मास्ट टेस्टिङ सुरु करेके निर्णय कईले रहे ।
पिछिलका समय वीरगंज मे लक्षण सहित के संक्रमित के संख्या बढत गईल, कुछ संक्रमित के मृत्यु भी भईल आ अस्पताल मे भर्ना रहल संक्रमित के अवस्था जटिल रहला से वीरगंज मे शनिचर से निषेधाज्ञा जारी करके एतवार से मास टेस्टिङ सुरु कईल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित बस्नेत बतवनी ।
एकरा खातिर वीरगंज महानगरपालिका आ जिल्ला प्रशासन कार्यालय अलग अलग स्वाब संकलन केन्द्र स्थापना करके एतवार से स्वाब संकलन सुरु कईले बाडन ।
एहितरे वीरगंज महानगरपालिका ५० हजार जने के परीक्षण करेके लक्ष्यसहित एक घर एक पीसीआर परीक्षण अभियान सञ्चालन कईले बा ।
नगर प्रमुख विजय सरावगी के मुताविक वीरगंज महानगरपालिका मे करिब ४० हजार घरधुरी बा ।
ई वाहेक पेशा व्यवसाय के खातिर बाहर से आके बईठल करिब १० हजार के भी परीक्षण करेके बतावल गईल बा ।
मेयर सरावगी अभियान के पहिलका दिन एतवार के परीक्षण ओरईला के बाद आउर छलफल मे बईठके नयाँ रणनीति बनाके अगाडि बढावे के जानकारी देहनी ।
जिल्ला प्रशासन के अलगे मास टेस्टिङ
जिल्ला प्रशासन कार्यालय भी वीरगंज महानगर मे एतवार से अलगे मास टेस्टिङ सुरु कईले बा ।
जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के समन्वय मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय मास टेस्टिङ सुरु कईले बा ।
एतवार के पहिलका दिन वीरगंज के मीना बजार आ राधेमाइ टोल मे करके २ सय ५९ जने के स्वाब संकलन कईल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय के स्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी ।
एतवार के मीनाबजार मे स्वाब संकलन केन्द्र स्थापना करके उहाँ के व्यापारी, तरकारी तथा फलफूल दोकानदार आ मृतक संक्रमित के परिवार के सदस्य आ पडोसी करके १ सय ९ जने के स्वाब संकलन कईल ठाकुर जानकारी देहनी ।
एहितरे संक्रमण के जोखीम मे रहल राधेमाइ टोल मे एतवार के दिने हि १ सय ५० जने के स्वाब संकलन कईल उ बतवनी ।
सावन पहिलका हप्ता से वीरगंज मे संक्रमित के संख्या हरेक दिन थपात गईल बा ।
जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय के मुताविक पर्सा मे संक्रमित के संख्या २ सय ४३ पुगल बा ।
वीरगंज के गण्डकस्थित कोभिड अस्पताल के ५० बेड के आइसोलेशन मे अभी ५४ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन ।
पर्सा के वीरगंजस्थित कोभिड अस्पताल मे अभी तक कोरोना संक्रमण के चलते ८ जने के मृत्यु भइल बा ।





