रौतहट के पुजारी हत्या के कारण आर्थिक बिवाद

काठमाण्डु १७ भादो
रौतहट के माधवनारायण नगरपालिका–२, खेसरहिया स्थित हनुमान मन्दिर के पुजारी राम शाह के आर्थिक विवाद के चलते हत्या भईल खुलल बा ।
पुलीस भारत से दु जने अभियुक्त के पकडके नेपाल लिअईला के बाद हत्या के कारण खुलल बा ।
प्रदेश नं. २ प्रहरी प्रमुख डीआईजी धिरजप्रताप सिंह के मुताविक पकडाईल मेसे रामनरेश पटेल के बाबु पुजारी से ब्याज मे लेहल रोपेया तिरेके समय मे विवाद भईल रहे । उ समय मे ३ भादो मे रात कटुवा पेस्तोल प्रयोग करके पुजारी के हत्या भईल खुलल सिंह बतवनी ।
उनका मुताविक पुजारी शाह गाँव मे होखेवाला अनेकन विषय के छलफल मे भी फरक मत राखला से पटेलसहित आउर सँगे विवाद होत रहे ।
पुलीस अभी रामनरेश सहित बालकुमार पटेल के भारत के बिहार से पकडके नेपाल लिआईल रहे ।
प्रकरण मे देवाही गोदाही नगरपालिका–१ के वार्ड अध्यक्ष शेख नरुल्लाह, राजेन्द्र पटेल, कहिल पटेल आ रामप्रवेश पटेल फरार बाडन ।
पकडाईल दुनु जने विरुद्ध विस्तृत अनुसन्धान के खातिर जिल्ला अदालत, गौर से १० दिन म्याद थप कईल पुलीस जानकारी देहले बा ।






