सिराहा मे खुलल विद्यालय बन्द करेके निर्णय

लहान २० कुवार
जिल्ला विपद् व्यवस्थापन समिति सिराहा अनेकन स्थानीय तह मे सञ्चालन भईल विद्यालयसब बन्द करेके निर्णय कईले बा । बईठक से सामाजिक दुरी कायम करके सञ्चालन भईल विद्यालयसब बन्द करेके निर्णय कईले बा ।
विद्यार्थीलोग के विद्यालय मे उपस्थिति ना करा के वैकल्पिक सिकाइ विधि अपनावे खातिर आग्रह करेके निर्णय भईल सिराहा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रदीपराज कणेल जानकारी देहनी ।
कोरोना सङ्क्रमण के जोखिम कायम जारी रहल समय विद्यालयसब मे विद्यार्थीलोग के भौतिक उपस्थिति कराके पठनपाठन कईला पर जोखिम बढेके उ बतवनी ।
इहाँ के मिर्चैया तथा गोलबजार नगरपालिका आ लक्ष्मीपुर पतारी गाँवपालिका विद्यालय सञ्चालन करेके निर्णय कईले रहे । निर्णय मुताविक उ स्थानीय तह के निजी तथा सामुदायिक विद्यालयसब विद्यालय मे विद्यार्थी उपस्थित कराके पठन पाठन करावे लागला के बाद अईसन निर्णय लेवेके पडल उनकर कहनाम बा ।
सरकार से तोकल मापदण्ड मुताविक सार्वजनिक यातायात के साधनसब सञ्चालन भईल ना भईल अनुगमन करेके आ परिपालना ना करेवाला के कारबाही करे खातिर जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय आ यातायात व्यवस्था कार्यालय के निर्देशन देवेके निर्णय भी बईठक से कईले बा ।






