स्थानियवासी रिलायन्स मिल के ध्यानाकर्षण पत्र बुझवलें

प्रभु यादव

बारा २४ कातिक

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २४ के स्थानिय लोग रिलायन्स सुगर एण्ड के. प्रा.लि. के ध्यानाकर्षण पत्र बुझावले बाडन ।

कारखाना से २०७० साल अषाढ ६ गते समुदाय मे प्रदुषण होरहल सम्बन्ध मे सम्झौता भईल जवना के पूरा ना कईल जवना के कारण ध्यानाकर्षण करावे के पडल समिति के सदस्य इन्द्रदेव कुशवाहा जनकारी देहनी ।

कारखाना से भठी चलावला के वाद जरल राखि से श्रीपुर, घाट श्रीपुर , बेल्वाडीह मे खाना, लताकपडा, खेत के बाली मे आ आदमी के आँख मे असर कर रहल जवना के रोके खातिर पत्र बुझावल गईल कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

विगत के दिन मे कारखाना से शिवनाथ शर्मा आ राजेश पाण्डे अउरी गाँव से क्षति नियुनिकरण समिति के इन्द्रदेव कुशवाहा, मिश्रीलाल यादव आ विरेन्द गोसाई से भईल समझौता सब कार्यान्वयन करेला पत्र बुझावल गईल जनकारी करवले रहनी ।

कारखाना के प्रशासन प्रमुख महेन्द्र प्रसाद साह छोटका वायलर से कुछ जरल भुसा विग रहल बा जवना से समुदाय मे दिकत भईल सिकायत आईला के बाद बन्द कईल गईल बा राख कम करे खातिर प्रयास कईल जारहल बा ।

समिति के लोग से मगर के सुबह मे साहुजी राजकुमार अग्रवाल से साथे साथे बईठल गाँव मे पुगल राखी व्यवस्थापन आ वितल समय मे भईल समझौता के समाधान करेला काम कईल जाई कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।