कटहरिया से ४ जने चोर पकडईलें

मेवालाल यादव

रौतहट ०८ पुस

रौतहट के कटहरिया नगरपालिका वार्ड ५ कटहरिया गाँव मे ४ जने चोर पकडाईल बाडन । स्थानीय बिजय राय यादव के घर मे दुवारी उपर से घुस के बाक्सा से १ लाख ६५ हजार रोपेया निकलले रहलन ।

बाक्सा बन्द करेके समय मे आवाज अईला पर घर के आदमी उठल रहलन । घर मालिक उठला के बाद आउर चोरसब फेनु दुवारी के उपर से भागेमे सफल भईला पर भी एक जने कटहरिया ५ के पनिलाल यादव के बेटा २१ बरीस के अगम यादव पकडईलें । घर के आदमी नियन्त्रण मे लेके ईलाका प्रहरी कार्यालय कटहरिया मे खबर कईले रहलन ।

ईलाका प्रहरी कार्यालय के प्रमुख सई लतिफ अन्सारी के नेतृत्व मे गईल टोलि घटना स्थल मे पकडाईल अगम संगे पुछपाछ कईला पर चोरी मे आउर तिन जने सहभागी रहल खुलल रहे ।

उनकर बयान के आधार मे स्थानीय राजाराम साह सोनार के बेटा १८ बरीस के सुधीर कुमार साह, नन्दलाल यादव के बेटा गुडु यादव, शेख आजम मिंया के बेटा १८ बरीस के ईर्साद मिंया के पुलीस पकडले बा ।

उलोग के साथ से कुछ घरेलु हथियार भी बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट जनवले बा । पकडाईल चारु जने के जरुरी कारवाही के खातिर ईलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा मे पठावल गईल आ घटना के बारेमे आउर अनुसंधान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।