पुलीस से ज्यादती कईल कहत बारा के सुवर्ण गा.पा. मे स्थानीय के प्रदर्शन

प्रभु यादव
बारा १६ पुस
बारा जिल्ला के सुवर्ण गाँवपालिका–८ के स्थानीय पुलीस विरुद्ध प्रदर्शन कईले बाडन । पुलीस जनता के जरुरी रुप मे दुःख देरहल कहत स्थानीय से टायर बारला के साथे सडक अवरुद्ध करके प्रदर्शन कईले बाडन ।
भारत से भन्सार छल के अवैध रुप मे बकरी लियावल कहत पुलीस बियफे के दिने सबेरे ५४ गो खसी बोका नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
माकिर स्थानीय व्यापारी भारत से ना लियावल गाँव घर मे पोसल दावी करत पुलीस विरुद्ध प्रदर्शन कईले बाडन । उलोग पुलीस से नियन्त्रण मे लेहल बकरी भी छिन के लेगईल बाडन । उ समय मे दु जने स्थानीय जनानी घायल भईल बाडि । ३० बरीस के बबिता खातुन, ६० बरीस के लालदेवी खातुन घायल भईल बाडि ।
स्थानीय व्यापारी के दुःख ना देवे खातिर निहोरा करे गईला पर खुदसब उपर भी पुलीस से दुर्व्यवहार कईल सुवर्ण गाँवपालिका–८ के वार्ड अध्यक्ष शैबुल्लाह मियाँ बतवनी ।
पुलीस चौकी तेलकुवा के प्रहरी सहायक निरीक्षक राम नरेश यादव आपन कलर पकडके हाथपत कईल उनकर आरोप बा । ‘छोटा–छोटा व्यापारी के खसी लेजाके पुलीस कार्यालय मे रखले रहलन । काहे ओईसन कइनी कहके उलोग के रोजीरोटी ओकरे से चलेला कहे गईल रहनी ।
माकिर सडक से पकडके भितर लेगईल रहलन । कलर पकडके गाल मे झापड मरलन, मुह से खुन आईल,’ कहत उ, ‘हमरा लगायत गाँव के जनानी उपर भी दुर्व्यवहार भईल । ओकरा बाद स्थानीय आक्रोश मे आके प्रदर्शन कईले बाडन ।’
नहर से ९ किलोमिटर दुर सीमा क्षेत्र रहला से भारत से अवैध रुप मे खसीबोका लियावल कहल गलत भईल उनकर कहनाम बा ।
‘पर्शुरामपुर मे ४० जने जेतना खसीबोका व्यापारी बाडन, उलोग गाँवघर से खसी बोका किनेलन,’ कहत वार्ड अध्यक्ष मियाँ, ‘सोमार आ बियफे के दिने कलैया आ बरियारपुर बजार मे लेजाके उलोग ओकरा के बेंचेलन ।’
वार्ड नं.६ के अध्यक्ष शिवधारी दास तत्मा भी पुलीस स्थानीय व्यापारी के दुःख देत आईल बतवले बानी ।
सुवर्ण गाँवपालिका के अध्यक्ष महेन्द्र यादव पुलीस जनप्रतिनिधि के भी कदर ना करके हाथपात मे उतरल दुःखद् भईल बतवनी । ‘जनता से अन्याय मे पडल कहला के बाद जनप्रतिनिधि के जाएके हि पडि ।
वार्ड अध्यक्ष के जाते मातर कलर पकडके झापड मरले रहलन,’ कहत उ, ‘जनप्रतिनिधि के कदर ना करेवाला पुलीस के उपर कारबाही होखेके पडल ।’ प्रदेश सभा सदस्य बच्चा यादव अनेकन बहाना मे पुलीस स्थानीय के दुःख देरहल बतवनी ।
‘कभो खसी बोका उतारेके, कभो भईंस घेरेके, मुर्गा नियन्त्रण मे लेके खाएके, पुलीस के जउन मन लागेला उहे कर रहल बाडन,’ कहत उ, ‘भारत से आईल कहके कउनो चिन्ह होखेला ? गाँव मे भी खसीबोका बकरी पोसल जाला ।
तस्करी भईल बा आ सीमा क्षेत्र मे खटल सुरक्षाकर्मी काथि देखके बईठल बाडन त ? अनाहक मे सर्वसाधरण के दुःख देवेके काम हो रहल बा ।’
पुलीस से ज्यादती विरुद्ध कईसे अगाडि जाएके कहके बारेमे कलैयास्थित उद्योग वाणिज्य संघ के हल मे छलफल हो रहल उ बतवनी ।
माकिर पुलीस भारत से अवैध रुप मे लियावल खसी बोका नियन्त्रण मे लेवेके समय मे जनानी के अगाडि बढा के अवरोध कईल बतवले बा ।
छिनाझपटी करेके समय मे पुलीस ओरी एक जने हवल्दार सामान्य घायल भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
वार्ड अध्यक्ष उपर हाथपात आ दुर्व्यवहार भईल विषय मे पुलीस कार्यालय मे उजुरी ना पडल उनकर कहनाम बा । ‘अवैध रुप मे लियावल आशंका मे खसीबोका नियन्त्रण मे लेवेके समय मे स्थानीय अवरोध कईले रहलन । उ समय मे सामान्य छिनाझपटी भईल बा,’ कहत उ, ‘आउर बात हमर जानकारी मे आईल नइखे ।’






