नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी केपी समुह के पकाहमैनपुर गाँवपालिका मे शक्ति प्रदर्शन

वीरगंज २४ पुस
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी के पकाह मैनपुर गाँवपालिका मे शक्ति प्रदर्शन भईल बा ।
नेकपा पर्सा के निर्णय मुताविक हरेक पालिका मे भेला करेके निर्णय मुताविक आजु पकाहा मे भेला पुरा भईल बा ।
भेला मे नेकपा पर्सा के अध्यक्ष प्रभु हजरा वर्तमान सरकार से जनता के हित मे लागल लोककल्याणकारी काम के प्रचार करेके आ आवेवाला निर्वाचन मे नेकपा के पक्ष मे जनमत निर्माण करे खातिर सभी के लागेके बिचार रखले रहनी ।
कार्जक्रम मे नेकपा के केन्द्रीय सदस्य एवं संबिधान सभा सदस्य राजकुमार गुप्ता जाहाँ केपी ओली उहाँ नेकपा आ सूर्य चिन्ह रहेवाला भईला से केहु भी विचलित ना होके लागेके बिचार रखनी ।
उ सरकार से कईल काम बेसी प्रभावकारी बनावे खातिर कार्यकर्तालोग लागेके बिचार राखत अब होखेवाला निर्वाचन मे आपन पक्ष मे जनलहर निर्माण मे लागेके भी बतवनी ।
उ मधेस, पहाड, हिमाल सभी क्षेत्र मे समाज विकास के अवधारणा प्रदर्शन कईला से प्रधानमन्त्री ओली के घेराबन्दी मे पारल बतवनी ।
कार्जक्रम मे संविधान सभा के सदस्य प्रद्युम्न चौहान निर्वाचन मे नेकपा के जितावे के संकल्प कइनी । कार्जक्रम मे नेकपा के नेता एवं केन्द्रिय सदस्य बसरुद्धिन अन्सारी जहाँ ओली, उहें नेकपा आ सूर्य चिन्ह रहेवाला भईला से ओली के पक्ष मे लागे खातिर निहोरा कइनी ।
कार्जक्रम मे नेतालोग तेजप्रकाश निषाद, सञ्जिव मिश्र, अकलेस साह, हनिफ अन्सारी, अम्बिका सहनी लगायत दर्जनो धारणा रखले रहलन ।






