नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एसोसियसन बारा के अध्यक्ष मे यादव

प्रभु यादव
बारा २६ पुस
नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एसोसिएसन जिल्ला कार्य समिति बारा शाखा के सम्पन्न निर्वाचन से अध्यक्ष पद मे तीन सय ३० मत प्राप्त कर के बृजकिशोर यादव विजयी भइल बाडन ।
अध्यक्ष पद के प्रत्यासी पन्नालाल महतो कोइरी दु सय २१ मत आ किशुनदत चौधरी के २४ मत मिलल रहे कहके निर्वाचन अधिकृत विनोद साह जानकारी करावले बानी । उपाध्यक्ष मे तीन सय २४ मत लियाके शिवपुजन ठाकुर विजयी भईल बानी उनकर प्रतिद्वन्द्वी अमन कुमार धिमिरे के दु सय ४३ मत मिलल रहल । सचिव पद मे दु सय ९१ मत लियाके दिनेश प्रसाद राउत पटेल विजयी भईल बाडन उनकर प्रतिद्वन्द्वी विरेन्द्र प्रसाद यादव दु सय ६१ मत प्राप्त कईले रहलन ।
सह सचिव पद मे तीन सय चार मत लियाके विनोद कुमार कर्ण विजयी भईल बानी उनकर प्रतिद्वन्द्वी दिनेश कुमार मण्डल दु सय ४४ मत लियाईल रहलन । कोषाध्यक्ष पद मे दु सय ९२ मत लियाके प्रमानन्द प्रसाद विजयी भईल बानी उनकर प्रतिद्वन्द्वी रामलाल प्रसाद यादव दु सय ७५ मत मिलल रहल ।
सह कोषाध्यक्ष के पद मे तीन सय मत लेयाके बुटन साह कानु विजयी भईल बानी उनकर प्रतिद्वन्द्वी झकट प्रसाद दु सय ४५ मत लियाईल रहनी ।
सदस्य मे सात पद खातिर २७ जने के परल उमेदवारी मे दु सय ६८ मत केशव प्रसाद यादव, दु सय चार मत लक्ष्मण प्रसाद यादव, एक सय ८८ मत नरेश कुमार कानु, एक सय ६८ मत लयाके नरेन्द्र तिवारी, एक सय ६६ मत सुबास प्रसाद यादव, एक सय ६३ मत लियाके उपेन्द्र कुमार पासवान आ एक सय ६० मत लियाके सुनिता कुमारी कोईराला विजयी भईल अधिकृत साह जनकारी करावले बानी ।
सदस्य पद मे उमेदवारी करावले रहनी अर्जुन प्रसाद कानु एक सय ५७ मत, मोजाहिर मियाँ एक सय ४९ मत, अवधकिशोर प्रसाद एक सय ३९ मत, इन्द्र कुमार सिंह एक सय ३२ मत, हरिनन्द प्रसाद यादव एक सय २४ मत, शिला देवी जयसवाल एक सय २० मत, प्रमोद प्रसाद तेली एक सय आठ मत, रामबाबु महतो कोईरी एक सय छव मत, रामनेवास ठाकुर एक सय पाँच मत, रधुनाथ प्रसाद चौधरी एक सय दु मत, शम्भु गिरी ९७ मत, चन्द्रिका प्रसाद गुप्ता ९४ मत, रामबाबु प्रसाद यादव ८८ मत, अर्जुन प्रसाद यादव ८० मत, राजकुमार पटेल ७१ मत, अच्छेलाल प्रसाद पंडित ७१ मत, बच्चा प्रसाद यादव ६८ मत, शिवप्रसाद साह तेली ५८ मत, सुमन कुमार साह ५४ मत आ देवप्रसाद धिमिरे ४८ मत लेयाल रहनी निर्वाचन अधिकृत साह जनकारी करावले बानी ।
निर्वाचन मे विजयी भईल लोग माघ २ गते के दिन पद तथा गोप्यनयता के सपथ लिईहे अधिकृत साह जानकारी करवले बानी ।






