फरार प्रतिवादी पकडईलें

प्रभु यादव

बारा ०६ माघ

बारा के जिल्ला अदालत के फैसला आदेश से लेनदेन मुद्दा मे एक बरीस के कैद ठहर भइल फरार रहल प्रतिवादी के पुलीस पकडले बा ।

प्रतिवादी बारा के साविक गा.वि.स.श्रीनगर बैरिया वडा नं.१ अभि के पचरौता नगरपालिका वार्ड नं.३ के राजेश्वर दास तत्मा के प्रहरी चौकी श्रीनगर बैरिया बारा से खटल प्रहरी टोली सोमवार के दिन पकडले बा ।

पकडाईल तत्मा के बारा जिल्ला अदालत के आदेश से मगर के दिन कैद भुक्तान के खातिर वीरंगज कारागार मे पेठावल गईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।