कान्ति देवी के हत्या करेवाला पकडाईलें

प्रभु यादव

बारा ३० माघ

बारा के महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्वर १ मे एतवार के रात कान्ति देवी के हत्या करेवाला पकडाईल बाडन ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा शुक के दिन पत्रकार समेलन कर के कान्ति के हत्या मे पकडाई लोग के सर्वजनिक कईले बा । पकडाईल महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्वर १ कचहरीटोल के ४२ वरीस के लालबाबु प्रसाद कुशवाहा आ वार्ड नम्वर १ के मठवा टोला के बरीस ४८ के धनेश्वरी देवी कुशवाहा के बारा प्रहरी सर्वजनीक कईले बा ।

घटना स्थल मे मिलल गम्छा आ औठी लालबाबु के पुष्टि भईल आ आपन रहल स्वीकार कईले बा प्रहरी उपरिक्षक दिपेन्द्र शाही पत्रकार समेलन मे जनकारी करावले बानी ।

मृतक कुशवाहा के परिवार से जमिन आ अन्य विषय मे किचकिच बादविवाद रिसइबि रहल अपराधि प्रवृती के रहल लालबाबु के लगा के घटना घटाव अनुसन्धान के क्रम मे मिलल बा प्रहरी जनकारी करावले बा । पकडाईल लोग के हिरासत मे राख के थप अनुसंधान होरहल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बाडन ।

लालबाबु प्रसाद कुशवाहा २०५६ साल से २०६१ साल तक मे डकैती मुद्दा ३, हाथहथियार खरखजाना मुद्दा मे १ आ सर्वजनिक अपराध मे जेल सजय काट के आईल प्रहरी प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

माघ २५ गते रात के करिब १०ः१० बजे के समय जनकारी आईला वाद प्रहरी घटना स्थल पर पुग के मत्यक के अवस्था बुझ के घटना स्थल सुरक्षित बना के रहल प्रवक्ता मिश्रा जनकारी करावले रहनी ।

कान्ति देवी कुशवाहा के पति बैधनाथ गाँव मे अष्ठजाम मे गईला बा कान्ति के हत्या काठ के फाठा, पथर आ चोख भईल धारवाला से मुड आ गाल मे घाव भईल खुन से लटपटाआईल घटना स्थल रहल प्रहरी जनकारी करावले बा । सोमवार के घटना स्थल मे धनुषा के लालगढ से कुकुर मगा के अनुसन्धान कईल गईल रहल ।

प्रहरी नायव निरेक्षक गौतम मिश्र के अगुवाई मे नव सदस्य गठन कर के अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल रहल ।

घटना के छानवीन करेला ३२ जने के लेया के अनुसन्था कईले रहल । घटना अनुसन्धान मे प्रदेश नम्वर २ के प्रहरी कार्यालय से प्रहरी नायव उपरिक्षक ज्ञान कुमार महतो के साथे टोली आईल आ प्रहरी कार्यालय बारा के टोली मिल के अनुसन्धान कईले रहले रहे प्रहरी प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।