अमृता अनाथश्रम मे होलीके शुभकामना

प्रभु यादव

बारा १४ चईत

बारा के सदरमुकाम कलैया मे तीन समाजसेवी लोग हिन्दु लोग के महान् पवनी होलि के अवसर मे अमृता अनाथाश्रम मे सुभकामन आदानप्रदान कार्जक्रम कईल गईल बा ।

कलैया के समाजसेवी गौरिशन्कर यादब (टिमल), हर्ष चौगाई(बन्टी) आ समिम मन्सूर (बासा) संयुक्त रुप मे अनाथ लईकालईकी के होलि मे कवनो किसिम के कमि ना होखे आश्रम मे पुग के होलि मिलन कार्जक्रम के आयोजना कर के खुसी बनावेला कईल गईल समाजसेवी टिमन जनकारी करावले बानी ।

सामाज मे अभि के समय मे बहुते प्रकार के बिकृती बिसङ्गती बढ रहल बा आ रहल बा ओकरा के सब के मिलके हटावे के परल समाजसेवी समिम मन्सूर उर्फ बासा जोड देहले रहनी । सब केहु आपन आपन जगह से होलि मनावेला माकिर समाज मे रहल अनाथ लईकालईकी आपन पवनी मनावे से बन्चित होरहल देखके अनाथ लईकालईकी सब के सहयोग करहल बानी जवना से आपने बहुत खुसी भईल टिमन बतावले बानी ।

होली के अवसर मे समाजसेवी लोग होलि खेलेला अनाथ लईकालईकी सब के अबिर, टोपी, पिच्काडी, टि–सर्ट १५ थान, ५० पकेट खाजा पकेट, मासु २० किलो, कोक फेन्टा १० थान, फलफुल, चाउर १ बोरा लगायत के सामान देहले बानी । ॐ साई मोटर्स के सहजोग रहल बासा जानकारी करावले बानी ।

कार्जक्रम मे संविधान सभा सदस्य प्रमोद गुप्ता, जिल्ला समन्वय समिती बारा के उपसंयोजक पवन ब्याहुत, नेकपा एमाले के नेता ध्रुब यादव, युवा संघ के केन्द्रिय सदस्य राजेश पटेल, बारा उधोग बाणिज्य संघ के उपाध्यक्ष गोल्डेन गुप्ता, जसपा के युवा नेता ब्रेट लि सहित अमृता अनाथाश्रम मे रहल अनाथ लईका लईकी लोग के सामान देहले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।