ठोरी के सीता गुफा मे राम के मूर्ति शिलान्यास

वीरगंज ०८ बैशाख
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं. २ स्थित ऐतिहासिक सीता गुफा परिसर मे मर्यादा पुरुषोत्तम भगवान राम के मूर्ति राखेके जनावल गईल बा । बुध के दिने गुफा परिसर मे राम जन्मोत्सव कार्जक्रम के आयोजना करके गाँवपालिका के अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ राम मूर्ति के शिलान्यास कईले बानी ।
चितवन के माडी अयोध्यापुरी मे नवनिर्मित भगवान राम, सीता, लक्ष्मण आ हनुमान के मूर्ति राखल दिन ठोरी मे भी राम मूर्ति के शिलान्यास कईल बा ।
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली भगवान राम के जन्मभूमि ठोरी क्षेत्र रहल उद्घोष कईला के बाद ठोरी मे रहल सीता गुफा परिसर चर्चा मे आईल रहे ।
बुध के दिने हि अध्यक्ष श्रेष्ठ गुफा परिसर मे हनुमान के प्रतीक स्वरूप झण्डा भी स्थापना कईले रहनी । सीता गुफा परिसर के संरक्षण आ आकर्षक मन्दिर निर्माण के खातिर गाँवपालिका आवेवाला बरीस बजेट बिनियोजन करेके अध्यक्ष श्रेष्ठ घोषणा कइनी ।
बुध के दिने गुफा परिसर मे रामनवमी के अवसर मे पुजाअर्चना आ भजन किर्तन सहित रामनवमी पर्व मनावल गईल आचार्य पण्डित चिरञ्जीवी सापकोटा जानकारी देहनी । स्थानीय तह सीता गुफा परिसर मे मूर्ति स्थापना आ तटबन्ध करे खातिर चालु आर्थिक बरीस मे रु १० लाख बजेट बिनियोजन कईले बा ।






