प्रदेश २ के सभामुख के सिकाईत : मेयरलोग राजा भईलन

सप्तरी २० असाढ
प्रदेश २ के सभामुख सरोजकुमार यादव स्थानीय तह के प्रमुखलोग जनसेवक बने ना सकल बतवले बाडन ।
संघीयता अईला के बाद गाँव–गाँव मे सिंहदरबार आवेके कहला पर भी स्थानीय तह मे राजदरबार आईल उ टिप्पणी कईनी ।
सप्तरी जिल्लासभा के एतवार के दिने राजविराज मे सम्बोधन करत सभामुख यादव स्थानीय तह के प्रमुखलोग राजा से कम ना रहल आरोप लगवनी । ‘संघीयता अईला के बाद सिंहदरबार गाँव मे आवेके चर्चा रहे,’ कहत उ, ‘सिंहदरबार त ना आईल राजदरबार आ गईल ।’
संघीयता अईला पर भी जनता खुशी ना भईल कहत उ अगाडि कहनी, ‘हम भी संघीयता पक्षधर हि हई । शुरु से संघीयता के खातिर लड रहल बानी । माकिर, संघीयता मे जनता के इच्छा मुताविक काम नईखे होत ।’
सभामुख यादव कउनो भी पार्टी से चुनाव जितला पर भी जनता के पक्ष मे काम करेके बतवनी । ‘आपन आदमी के बजेट देवेके आ दोसर के ना देखेके प्रवृत्ति बढिया ना ह । हम भी कउनो पार्टी से जित के आईल बानी । माकिर इमान्दारीपूर्वक काम कईले बानी,’ उ कहनी ।
जनता के प्रतिनिधि बन के केन्द्र आ प्रदेश मे गईल सांसदलोग जिल्लासभा मे उपस्थित ना भईल बिडम्बना के बात भईल बतवनी । जिल्लासभा मे प्रतिनिधिसभा सदस्य, राष्ट्रियसभा सदस्य के नेवता देहला पर भी केहु सहभागी ना भईलन ।
जिल्लासभा मे जिल्ला समन्वय समिति सप्तरी के प्रमुख प्रभाकर यादव जिल्ला के नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहनी । उ अवसर मे बढिया काम कईल कहत कर्मचारी नवराज खड्का, कमलेश्वर बिराजी, गंगाराम साह के सम्मान कईल रहे ।
एहितरे जिल्ला मे उत्कृष्ट नगरपालिका बनल कहत कञ्चनरुप आ गाँवपालिका मे रुपनी के सम्मान कईल गईल रहे ।






