६ जने जनानी सहित एक सय ५२ जने कईलें लहुदान

प्रभु यादव
बारा २६ असाढ
बारा के कलैया मे छव जने जनानी सहित एक सय ५२ जने खुल्ला लहुदान कईले बाडन । लायन्स क्लव से खुल्ला लहुदान के कार्जक्रम के आयोजना कलैया इन होटल के अगाडि कईल गईल रहे ।
कोरोना के कहर से देश भर लहु के कमि भईल महसुस कईला पर खुल्ला लहुदान के कार्जक्रम के आयोजना कईल गईल लायन्स क्लब के अध्यक्ष दिलिप चौधरी जनकारी करावले बानी । एसे पहिले भि समाज के आवश्यकता के मध्यनजर करत जिल्लवासी लोग के खातिर अक्सिजन बैक सञ्चालन कर के सेवा करे मे लागल रहल अध्यक्ष चौधरी जनकारी करावले रहनी । विपद के घडि मे लायन्स क्लव के सभे पदधिकारी लोग हर समय तईयार रहल प्रतिवद्धता समेत चौधरी कईले रहनी ।
लायन्स क्लव के आयोजना कईल खुल्ला लहुदान कार्जक्रम मे वडाध्यक्ष जटाशंकर सहनी, ब्रेट लि, सुजित पाण्डे, सरोज गुप्ता, संजय गुप्ता लगायत, राजन गुप्ता, बबिता गुप्ता सहित एक सय ५२ जने लहुदान कर के लहु के पुर्ती करे के सहजोग करे मे लागल आयोजक संस्था के सुभाष जैयसवाल जानकारी करावले बानी ।
कार्जक्रम मे भरत अग्रवाल उपाध्यक्ष, नवीन अग्रवाल दोश्रो उपाध्यक्ष, सुर्यदिप कुमार सचिव, कोषाध्यक्ष सुभाष जैयसवाल, सदस्य प्रदिप कमार साह, शिवजी यादव, गोपाल ठाकुर, बृजकिशोर साह, अरूण साह, राजकुमार साह, ईनर कुशवाहा, ज्ञान प्रकाश चौधरी, हरेन्द्र यादव, मनोज फौजलार, पवन कुशवाहा, विनोद महतो, महमद अफरोज, भोला सरार्फ, श्याम खेतान, चन्दन गुप्ता, निरज कर्ण, विजय अग्रवाल, महमद समीर आ अजय कुमार साह लगायत के उपस्थिति रहल रहे । लहुदान करेवाला लोग के नेपाल रेडक्रस सोसाईटी रक्त संचार गृह के प्राविधिक लोग सहजोग कईले रहलन ।






