कारोबार बचत तथा ऋण सहकारी संस्था के ७ वाँ सधारण सभा पुरा

प्रभु यादव
बारा १६ कुवार
बारा के प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ के कारोवार बचत तथा ऋण सहकारी संस्था के सात वाँ वार्षिक साधारण सभा पुरा भईल बा ।
साधारण सभा के प्रमुख अतिथि प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्वर २ के वार्ड अध्यक्ष सुरेश कुमार गुप्ता आपन जगह मे आपने लगानी मे खुलल जवना से बचत करे के बानी मे बृद्धि भईल जनकारी करावले बानी । सहकारी के उद्देश्य के पालना कर के अगाडि बढरहल बा जवना से लगानी सुरक्षित रहे के शेयर धनी लोग के सुझाव देहले रहनी ।
आज के लगानी विहान के सहजोगी बनी कहत संस्था मे शेयर बनेला प्रमुख अतिथि गुप्ता जनकारी करावले रहनी । सहकारी के अध्यक्ष संतोष गुप्ता ६५ लाख के आय व्यय प्रस्तुत कईल ओमप्रकाश गुप्ता जनकारी करावले बानी । कार्जक्रम मे सहकारी के शेयरधनि लोग के सहभागिता रहल रहे ।






