नेकपा (एकीकृत समाजवदी) के वीरगंज महानगर भेला पुरा

वीरगंज १६ कुवार
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (एकीकृत समाजवादी) के वीरगंज महानगर भेला शनिचर के दिने पुरा भईल बा । रोयल पार्टी प्यालेस मे भईल भेला के उदघाटन पार्टी के केन्द्रिय सचिव नागेन्द्र चौधरी कईले रहनी ।
नगर भेला के सम्बोधन करत सचिव चौधरी दलाल पुंजिवाद के पक्ष मे नेकपा एमाले के अध्यक्ष केपी शर्मा ओली लागला के बाद पार्टी भितर बिद्रोह करेके पडल बतवनी । उ कम्युनिष्ट पार्टी आ जनता के मुख्य सत्रु के पक्ष मे हि केपी ओली नेतृत्व के पार्टी लागला के बाद बिद्रोह करके नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (एकीकृत समाजवादी) बनावेके पडल बतवनी ।
उ कहनी, “कम्युनिष्ट पार्टी मे आदमी प्रधान ना होखेलन, निति आ संगठन प्रधान होखेला । माकिर अभी एमाले मे आदमी प्रधान भईल बाडन । केपी ओली जउन कहेलन उहे होखेला ।” उहे चलते एमाले कम्युनिष्ट पार्टी ना रहल, ओहिसे नयाँ आ सच्चा कम्युनिष्ट पार्टी एकिकृत समाजवादी बनावेके पडलल बतवनी ।
भेला के प्रमुख अतिथी भी रहल सचिव चौधरी सच्चा कम्युनिष्टलोग सभी एकीकृत समाजवादी मे रहल दाबी करत समाजवादी क्रान्ति के खातिर पार्टी गठन भईल वतवनी । अब समाजवादी क्रान्ति के समय अईला से दालाल, पुंजिवाद, नोकर साही के पक्ष मे खडा भईललोग के विरोध मे खुदसब लागल बतवनी ।
पोलिट ब्युरो सदस्य रामचन्द्र साह पार्टी मे युवालोग के जरुरत रहल आ पार्टी के निती भी उहे मुताविक रहला से पार्टी मे युवालोग के लागे खातिर निहोरा कइनी । उ पार्टी मे युवालोग के ४० प्रतिशत स्थान देवेके पार्टी के निती रहल बतवनी ।
पार्टी के पर्सा जिल्ला इन्चार्ज भी रहल साह लम्हर समय के बाद पार्टी के बहुमत के सरकार केपी ओली के नेतृत्व मे बनला पर भी उ सरकार के नेतृत्व कईल ३ बरीस तक पार्टी के बात ना सुनला के चलते विद्रोह करेके पडल बतवनी ।
पार्टी के वीरगंज महानगर अध्यक्ष मनोज चौधरी के अध्यक्षता मे भईल भेला मे जिल्ला अध्यक्ष बाल गोपाल थापा, प्रदेश कमिटी सदस्य सुरेन्द्र यादव, किशोरी कुशवाहा, जिल्ला सचिवालय सदस्य सुबादार यादव, शान्ति महर्जन, युवा विभाग के जिल्ला इन्चार्ज अनिल पटेल लागायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।






