अख्तियार विरुद्ध रौतहट मे जसपा के बिरोध प्रदर्शन

मेवालाल यादव
रौतहट १७ कुवार
प्रदेश नम्बर २ के अस्थायी रौतहट के सदरमुकाम गौर मे बिरोध प्रदर्शन कईल गईल बा ।
एतवार के दिने जनता समाजवादी पार्टी के बिरोध प्रदर्शन गौर के बि.पि. चौक से निकलल बिरोध प्रदर्शन नेपाल लौज तक पुग के कोणसभा मे परिणत भईल बा । रौतहट जिल्ला समन्वय समितिद्वार आयोजना कईल अख्तियर के विरुद्ध मे बिरोध प्रदर्शन कईल बा ।
उ कोणसभा मे जिल्ला समन्वय समिति के उपसभापति राम आशिष यादव बोलले रहलन । ‘बेटी बचाउ, बेटी पढाउ’ जईसन जनलोकप्रिय कार्जक्रम के बदनाम करावे खातिर सरकार प्रमुख के शक्ति आ गरिमा मे हि अख्तियार से आघात पुगावेके काम कईला से अख्तियार विरुद्ध आन्दोलन मे उतरेके पडल उलोग के कहनाम रहे ।
कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य रामकिशोर यादव, देवाही गोनाही नगरपालिका नगर प्रमुख धर्मेन्द्र पटेल, माधवनारायन नगरपालिका नगर प्रमुख बिरेन्द्र यादव, जिल्ला समन्वय समिति के उपसभापति राम आशिष यादव, युवा क्रान्तिकारी नेता स्याम बिहारी यादव, बेटि पढाउ बेटि बचाउ के जिल्ला संयोजक महिला नेतृ सोभा साह, गिता कुशवाहा, युवा नेता शेख सकिल, शेख कलाम लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






